गोरिया के गोरे गोरे गाल

रामुसा एंटरटेनमेंट एण्ड मीडिया एन्टरप्राइज का बैनर में निर्मात्री माधुरी कुमार आ निर्देशक अमित कुमार मु्न्ना के भोजपुरी फिलिम गोरकी पतरकी रे बिहार में अपना सफलता के झण्डा फहरा दिहले बिया आ हर जगहा सौ दिन पूरा कर लिहले बिया. पिछला दिने मुंबई का ब्लू वाटर्स में एगो शानदार पार्टी दे के निर्मात्री माधुरी तिवारी फिलिम के सौ दिन पूरा होखे का खुशी में फिलिम से जुड़ल सगरी कलाकारन, सहयोगियन, आ तकनीशियनन के ट्राफी दे के सम्मानित कइली. कार्यक्रम के संचालन फिलिम के लेखक एस एस ललित बहुते बढ़िया से कइलें.

announcing Goria ke Gore Gore Gaal

एह खुशी का मौका पर मशहूर निर्माता विमल कुमार, एच एस तनेजा, वितरक चन्दू धनवानी, निर्देशक बृज भूषण, आ वेस्टर्न इण्डिया फिल्म प्रोड्यूसर्स एसोसियेशन के सचिव प्रभात पाण्डेय खास तौर पर आइल रहलें. दीपक कोचर, आसिफ खान, सचिन दुबे, गिरीश शर्मा, आ उदय श्रीवास्तवो विशेष अतिथि का रुप में मौजूद रहल लोग. फिल्म के दूनो नायक उत्तम कुमार आ रविशंकर आ नायिका रानी चतुर्वेदी का अलावा फिल्म के कलाकार विजय खरे, लिलिपुट, महाराणा, राज मेहता, फिल्म प्रचारक समरजीत आ उदय भगतो के ट्राफी दिहल गइल.

एही मौका पर एस एस ललित आर एन इन्टरप्राइजेज के प्रस्तुति आ निर्माता रविशंकर तिवारी के फिलिम गोरिया के गोरे गोरे गाल बनावे के एलान कइले. एह फिलिम के सहनिर्माता एस के मेहता रहीहें आ खास कलाकारन में उत्म कुमार, रविशंकर, आ राज मेहता रहीहें. बाकी कलाकारन के चयन जल्दीये कर लिहल जाई


स्रोत : समरजीत