आ गइल बृजवा कहर बरसावे

एही शुक ११ दिसम्बर से मुंबई में आ अगिला हफ्ता १८ दिसम्बर से बिहार में आपन सिनेमाई कहर बरसावे बृजवा आ रहल बा. फिल्म के धमाकेदार रिलीज के पूरा तइयारी हो चुकल बा. दुनु जगहा के नामी आ बढ़िया थियेटर बृजवा के स्वागत खातिर बुक कर लिहल गइल बा. थियेटरो मालिक मानत बाड़न कि बृजवा के कहर थियेटर में बरसी आ भरपूर बरसी. सबे जानत बा कि दर्शक एह फिलिम के देखे खातिर टूट पड़ीहें.

Gunjan Pant in a scene of Brijwa

नक्सलाइट आ माओवादियन का कहर पर बनल एह भोजपुरी फिलिम बृजवा के निर्माण पायल दूबे कइले बाड़ी आ निर्देशन मंजुल ठाकुर. सुपर स्टार विनय आनन्द का साथे सुदीप पांडे आ दमदार अभिनेता दीपक दूबे के तिकड़ी आपन आपन हाथ देखावे खातिर तइयार बा. आ एह लोग के नायिका बाड़ी जा साधिका रंधावा, गुंजन पंत, आ कल्पना शाह. फिल्म में संजय पांडे, किट्टू, बृजेश त्रिपाठी समेत करीब दू दर्जन कलाकार नजर अइहें. भोजपुरी सिनेमा का इतिहास में पहिला बेर नक्सलवादियन आ माओवादियन के क्रुर हकीकत देखावे के हिम्मत कइल गइल बा आ देखावल गइल बा कि कइसे नक्सली माओवादियन के आतंक भारत का देहाती इलाकन में बंदूक का बल पर खून के फसल लहलहावत बा.

बृजवा के प्रस्तुति जीतेश दुबे कइले बाड़न जिनकर फिलिम मुन्नीबाई नौटंकीवाली एह साल के सबसे बड़ हिट फिलिम रहुवे. बृजवा पर ३२ गो नरसंहार करे के आरोप बा आ नक्सलियन के कइल एह नरसंहारनो के फिलिम में देखावल गइल बा आ इहो देखावल बा कि के तरह बृजवा कानून आ पुलिस के अपना गमछा में बान्ह के घूमेला. त चलीं हमनियो का तइयार रहल जाव बृजवा के कहर देखे खातिर.


स्रोत : शशिकान्त सिंह आ रंजन सिन्हा