रवि किशन खोले लगलन राज पिछला जनम के

Ravi Kishan

एनडीटीवी के बहुचर्चित शो राज पिछले जनम का सोमार से शुरु हो चुकल बा. अपने आप में अनूठा एह शो के एंकरिंग कर रहल बाड़े भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपरस्टार रविकिशन. अमर चित्रकथा के टेलीविजन इकाई द आईडिया के प्रस्तुति एह शो में रविकिशन शो में आइल मेहमानन से उनका पिछला जनम से जुड़ल सवाल करीहें. एकरा पहिले सम्मोहन विशेषज्ञ ओह मेहमान के सम्मोहित कर के पिछला जनम के जानकारी लिहन आ ओहि जानकारी का आधार पर सवाल जवाब कइल जाई.

एह बहुचर्चित शो में शेकर सुमन, मोनिका बेदी, पायल रोहतगी, राहुल महाजन, संभावना सेठ समेत कई गो जानल पहिचानल हस्ती अपना पहिला जनम के राज खोलिहन. सुने में आ रहल बा कि एह शो में सुष्मिता सेन समेत कई गो बड़ नामी सितारा हिस्सा लीहन. रहस्य रोमांच से भरपूर एह शो के ले के रविओकिशन उत्साहित बाड़न आ कहलें कि उनका खातिर ई सम्मान आ गौरव के बात बा.

कहल जा रहल बाकि मशहूर वैज्ञानिक डा॰ होमी जहाँगीर भाभा के मौत के राजो एह शो में खुले वाला बा. एगो शो में संभावना सेठ कहली कि अपना पिछिला जनम में ऊ एगो बार डान्सर रहुवी जवना के मालिक उनका साथ दुर्व्यवहार करत रहे आ कमे उमिर में उनकर मौत हो गइल रहे. दर्शकन में एह शो के लेके जतना उत्साह देखे के मिल रहल बा ओहसे त इहे लागऽता कि राज पिछले जनम का के सफलता निश्चित बा.

एन डी टीवी पर राज पिछले जनम का सोमार से शुक ले देखावल जा रहल बा.


स्रोत : उदय भगत