बृजवा एह साल के धमाल फिलिम बा, कहलें मंजुल ठाकुर

भोजपुरी सिनेमा में जवन नौजवान बहुते कम समय में अपना कामयाबी के झंडा गाड़ दिहलस ओकर नाम हऽ मंजुल ठाकुर. तीने साल में मंजुल आपन मुकाम बना लिहलें भोजपुरी सिनेमा उद्योग में. ऊ आपन निर्देशकीय सफर भोजपुरिया दरोगा से शुरु कइलन. फेर आइल उनकर मसीहा बाबू जवना के लोग जम के प्रशंसा कइल, आ अब जितेश दुबे के बहुचर्चित फिलिम बृजवा से मंजुल ठाकुर एक बेर फेर चर्चा में आ गइल बाड़न. मंजुल ठाकुर से हाल में बतियावे के मौका मिलल आ ओहि में से कुछ बात एहिजा दिहल जा रहल बा....

Manjul Thakur

बृजवा के बहुते चर्चा हो रहल बा. कइसन फिलिम बावे बृजवा?

फिल्म त लाजवाब बनल बा. भोजपुरी के ई पहिलका फिलिम हऽ जवना के नाम ओकरा खलनायक पर राखल गइल बा.बृजवा के चरित्र अतना दमदार बा कि ओकरा के नजरअंदाज कइल तर्कसंगत ना लागल. फिलिम पूरा पूरी एक्शन फिल्म बा जवना में सामाजिक सरोकारो के पूरा तरह से जियतार राखल गइल बा.

कहानी के बह (flow, direction, usual way) कवना तरफ बा, तनि इहो बता दीं?

तीन गो दोस्त बाड़न स. छुट्टी में एगो अपना दुनु दोस्तन का साथे गाँव आवत बा त देखऽता कि ओकरा गाँव में बृजवा के आतंक पसरल बा. पूरा गाँव दहशत में जी रहल बा. केहू के बहू बेटी के इज्जत सुरक्षित नइखे रह गइल. अचानक एगो दुखद घटना घटत बा. ओह लड़िका के दादाजी आ महतारी का सामने ओकरा बहिन से बृजवा बेरहमी से बलात्कार करत बा. दादा जी के मार देत बा आ महतारी के घवाहिल कर देत बा. पूरा इलाका सन्न रह जात बा. तब तीनो दोस्त एह आतंक के हमेशा हमेशा खातिर खतम करे के बीड़ा उठा लेत बाड़े.

अउरी का खास बात बा बृजवा में?

बृजवा में कमाल के एक्शन बा. शकील शेख त एक्शन के असली मास्टर हउवें आ एहमें ऊ कमाल के एक्शन करवले बाड़न जइसन रउरा कबो भोजपुरी फिलिम में ना देखले होखब. तय मानीं बृजवा एह साल के सबसे बड़ हिट साबित होखी.

एगो निर्देशक का रुप में रउरा नया का दे रहल बानी?

बृजवा में दर्शक लोग कई गो नया बात देखी आ सुनी. एक्शन अइसन बा कि लोग चउँकबो करी आ मजो उठाई. हम एकरा कहानी के एगो तेज धारदार हथियार का तरह तेज आ कटाह बना के रखले बानी. हमार कोशिश रहल बा कि देखेवालन के हर फ्रेम में कुछ नया देखे के मिलो, टटका टटका के अहसास होखो. तकनीकिओ रुप से ई फिल्म बहुते पावरफुल बिया.

एह बड़ उपलब्धि के श्रेय केकरा के देम?

हम त एकर पुरा श्रेय निर्माता जीतेश दुबे के देम जे हमरा पर भरोसा कर के एकर जिम्मेदारी हमरा के दिहलन. हम उनकर आभारी बानी. साथही सुदीप पान्डे के जे हमरा के भोजपुरी सिनेमा में इन्ट्री दिअवलन.

बृजवा का बाद का?

बृजवा एह साल के सबसे बड़ हिट साबित होखी त नया साल का शुरुवे में हमार एगो अउरी बढ़िया फिलिम आ रहल बिया आवऽ ना ओढ़ा दीं ओढ़निया ए राजा जी.

कवनो नया योजना? कवनो नया प्रोजेक्ट?

महेश पाण्डे के फिलिम जोड़ी लागे रे कमाल अबही हाले में साइन कइनी हऽ. रिकार्डिंग हो रहल बा आ एही दिसम्बरे में फ्लोर परर चल जाई ई कॉमेडी वाली इमोशनल फिलिम.

कमे समय में अतना बड़ उपलब्धि के रहस्यो बा का कुछ?

कवनो बुझउवल नइखे एकरा में. एगो सतत आ सार्थक परिश्रम के पुरस्कार अइसने उपलब्धि से मिलेला. हम काम करत जाये में विश्वास करीले. के का कहत बा, से ना सुनल करीं. हँ रउरा कीमती राय पर जरुर अमल करी लें.

कवनो संदेश भा प्रवचन?

(हँसत-हँसत) संदेश ईहे बा कि बृजवा एगो क्रान्तिकारी फिलिम बा आ समाज में पसरल कुरीति के अंत करे वाली फिलिम बिया. प्रवचन इहे कि अइसन फिलिम कबोएकबो आवेले से जरुर देखीं बृजवा. (फेर हँसे लागऽतारें)


स्रोत : शशिकान्त सिंह