हॉट गर्ल मोनालिसा बनिहन चन्द्रमुखी

Hotgirl Monalisa
Hotgirl Monalisa

भोजपुरी सिनेमा के हॉट गर्ल कहाये वाली मोनालिसा अब भोजपुरी परदा पर बहुचर्चित किरदार देवदास के चन्द्रमुखी का रुप में नजर अइहन, भोजपुरी में बन रहल फिलिम देवदास में भोजपुरी के मशहूर अदाकारा मोनालिसा के चन्द्रमुखी के किरदार करे खातिर साइन कइल गइल बा.

सिगमा सिनेविजन का बैनर में बनत एह फिलिम में देवदास बनिहन रविकिशन आ पारो के भूमिका में रहीहें भाग्यश्री. पटना निवासी उमेश सिंह के एह निर्माण के निर्देशन किरणकान्त वर्मा कर रहल बाड़े जबकि सह निर्माता बाड़न अवधेश अग्रवाल. बकौल मोनालिसा उनका जीवन के ई एगो बहुते अहम किरदार होखी आ चैंलेंजिगो. ऊ कोशिश करीहें कि दर्शकन के आपन सर्वोत्तम देस आ लोग उनका किरदार के पसन्द करस.

अब देखे लायक होखी कि बॉलीवुड क्वीन रहल माधुरी दीक्षित के याद के कतना ताजा कर पइहें मोनालिसा!


स्रोत : प्रशान्त निशान्त