इनकॉन्टर स्पेशलिस्ट रविकिशन

Ravi Kishan in Mar Deb Goli Kehu Naa Boli

तमंचा का बल पर बिहार में लहलहात अपराध के फसल खतम करे आ रहल बाड़न इनकॉन्टर स्पेशलिस्ट रविकिशन. निर्मात्री पायल दुबे आ निर्देशक जगदीश शर्मा के भोजपुरी फिलिम मार देब गोली केहू ना बोली में भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रविकिशन पुलिस का वर्दी में खुलेआम अपराधियन के ईंट से ईंट बजावत नजर अइहन.

मार देब गोली केहू ना बोली के शूटिंग आजुकाल्ह तेजी से चल रहल बा. एह फिलिम में रविकिशन के नायिका बनल बाड़ी गुंजन पन्त. साथ में काम कर रहल बाड़े दीपक दुबे, बृजेश त्रिपाठी, किरणकुमार, सिद्धार्थ, आ कल्पना शाह. एह फिलिम में किरण कुमार मुख्यमंत्री के भुमिका करत बाड़े आ दीपक दुबे पुलिस इन्सपेक्टर के. फिल्म के प्रस्तुतकर्ता बाड़े जीतेश दुबे जिनकर फिलिम धरमवीर आ मुन्नी बाई नौटंकी वाली बहुते सफल भइल रहे आ नयका फिलिम बृजवो के भरपूर चरचा हो रहल बा. रविओकिशन जवना फिलिम में पुलिस के वर्दी पहिर लेले ऊ जबरदस्त हिट रहेले. हालही में हिट भइल फिलिम रंगबाज दारोगा आ कानून हमरा मुट्ठी में एकर टटका उदाहरण बा.

गंगाजल, अपहरण, आ अब तक छप्पन के सफलता देख के कयास लगावल जा रह बा कि इहो फिलिम दर्शकन पर आपन छाप जरुरे छोड़ जाई.


स्रोत : उदय भगत