मनोज तिवारी आ महेश पांडे रचलन इतिहास

भोजपुरी के पहिलका हॉरर फिलिम लाल लुग्गा के मुहुर्त धूमधाम से भइल

Muhurt of Lal Lugga

भोजपुरी के सुपर स्टार मनोज तिवारी के ले के बन रहल चर्चित फिल्मकार महेश पांडे के फिलिम लाल लुग्गा का बारे में दावा बा कि ई भोजपुरी के पहिलका हॉरर फिल्म होखी. भोजपुरी में चर्चित फिलिम घर द्वार, हम बाल ब्रह्मचारी तू कन्या कुमारी गब्बर सिंह के निर्माता महेश पांडे अपना अगिलका फिलिम लाल लुग्गा ले के खासा उत्साहित बाड़े. फिलिम के मुहुर्त भइल त भोजपुरी फिल्म इण्डस्ट्रीज के तमाम दिग्गज मनोज तिवारी, महेश पांडे, आ मुकेश पांडे के बधाई दिहलन. मुहुर्त पर संगम लाल गुप्ता मुख्य अतिथि रहलन. आवे वाला लोगन में आलोक कुमार, देव पाण्डे, संदीप पांडे, सीमा पांडे, प्रिया पांडे, फूल सिंह, महेश राज, कम्प्लीट सिनेमा के कुमार मोहन, चंदू सिंह, दीपक दत्ता, उमेश सिंह, माया यादव, रिया वालिया, पुष्पा वर्मा, अदीश खन्ना, बाबर हाशमी समेत भोजपुरी सिनेमा आ टीवी उद्योग से जुड़ल तमाम लोग शामिल रहे.

लाल लुग्गा के मंजुल ठाकुर निर्देशित कर रहल बाड़े जिनकर निर्देशित फिल्म बृजवा आजुकाल्ह सफलता के नया रिकार्ड बना रहल बा. लाल लुग्गा का बारे में बतियावत मनोज तिवारी कहलन कि एकर कथानक सुनते ऊ तय कर लिहलन कि ई फिल्म करे जोग बा. ओने महेश पांडे के कहनाम रहे कि बहुते दिन से इच्छा रहुवे कि अपना कंपनी श्री सिद्धिविनायक मीडिया इंटरटेनमेंट का बैनर में भोजपुरी स्तार मनोज तिवारी के ले के एगो फिलिम बनावस बाकिर बढ़िया कथानक ना मिलत रहुवे. लाल लुग्गा के कथानक बुझाला कि मनोज तिवारी लेका पावर पैक्ड अभिनेते खातिर लिखल गइल होखे. निर्देशक मनोजो ठाकुर ओतने उत्साहित बाड़े. उनको सरधा रहुवे कि मनोज तिवारी के कवनो फिलिम मे् निर्देशित करस आ लाल लुग्गा से उनका ई मौका मिल गइल.

लाल लुग्गा मुकेश पांडे के कंपनी के पांचवी फिलिम होखी. उनकरे फिलिम जोड़ी लागे रे कमाल के मुहुर्त हालही में भइल रहे आ अब जल्दिये सेट पर जाई. लाल लुग्गा के गीतकार विनय बिहारी आ संगीतकार लाल सिन्हा हउवें. अबही ले तय नइखे भइल कि मनोज तिवारी के नायिका के होखी? बाकिर मुकेश पांडे आ मंजुल ठाकुर कहलें कि सब तय हो चुकल बा बाकिर हमनी का आपन पत्ता एक एक करेक खोलब जा.


स्रोत : शशिकान्त सिंह