बृजवा रिकार्ड तूड़ दिहलस

११ दिसम्बर शुक का दिने मुंबई में रिलीज भइल बृजवा के जादू मुंबई में चल गइल आ खूब चलल. जितेश दुबे के प्रस्तुति एह फिलिम के सफलता के आलम ई रहे कि आध घंटा का भितरे अनेकन थियेटर पर हाउस फुल के बोर्ड लाग गइल रहे.

नक्सलाइटन का करिया करतूतन पर बनल फिल्म बृजवा के टिकट खातिर लमहर लमहर लाइन लागल रहे. कुछेक जगहा टिकट ब्लैको में बेचाये के खबर बा. आ एह फिलिम के देखे खातिर गैर भोजपुरियो लोग चहुँपत बा. एहसे कहल जा सकेला कि भोजपुरी खातिर ई बढ़िया संकेत बा. पूरा इण्डस्ट्री मंजुल ठाकुर निर्देशत एह फिलिम पर नजर गड़वले रहुवे. सबसे कास बात ई रहुवे कि एक ओर बृजवा सिनेमा का परदा पर आपन कहर बरसावत रहुवे, दोसरा ओर एकर प्रस्तुतकर्ता जितेश दुबे फिलिम का प्रीमियर से गायब रहलें. पता चलल कि ऊ अपना चउथका फिलिम मार देब गोली केहू ना बोली के शूटिंग खातिर यूपी के भदोही में व्यस्त बाड़े.

बृजवा के सफलता के आलम ई रहल कि हिन्दी के एगो बड़ फिलिम के हवा निकल गइल जवन कि संगही स्गे रिलीज बइल रहे. इण्डस्ट्री सुत्र बतावत बाड़न कि बृजवा पहिलके दिने भोजपुरी बाक्स आफिस के सगरी समीकरण धराशायी कर दिहलस. फिलिम में विनय आनन्द पर फिलमावल गाना दुनिया जाये साली भाँड़ में पर लोग थियेटर में सीट छोड़ के नाचे लागत बा. सीमा सिंह पर फिल्मावल गाना जवानी के बम, पटक देब हम पर सीटी बाजे लागऽता. आ बृजवा के डायलाग खून चाट के जियेला बृजवा लोगन का दिलदिमाग छाप लिहले बा. ट्रेड पंडित एह फिलिम के एह साल के सबसे बड़ हिट बतावे लागल बाड़े.


स्रोत : शशिकान्त सिंह