अब भोजपुरी में जुदाई

सिनेमा का परदा पर जुदाई के नाम वाली फिलिम हमेशा सुपर डुपर हिट रहल बाड़ी सन चाहे ऊ जीतेन्द्र वाली जुदाई होखो भा अनिल कुमार वाली. अब बारी बा भोजपुरी में बने जा रहल फिलिम जुदाई के. एह जुदाई में भोजपुरी के सुपर स्टार पंकज केसरी का साथ नवोदित बाला प्रियंका पाठक आ सेजल के जलवा रउरा सब के देखे के मिली.

महिला केन्द्रित एह फिलिम के निर्माण आ निर्देशन विवेक कुमार राव कर रहल बाड़न. संकट मोचन टेली फिल्म्स का बैनर में बनत एह फिलिम के गीत अइसन बा कि लोग ओकनी के भुला ना पाई. गीतकार विनय बिहारी के लिखल गीतन के संगीत से सजवले बाड़े संगीतकार प्रशांत राज. पुरान जुदाई से ई जुदाई कतना अलगा बा पुछला पर निर्माता निर्देशक विवेक कुमार राव साफ कइलन कि दुनु में कवनो समानता नइखे. भोजपुरी जुदाई एकदमे टटका कहानी हऽ. एह फिलिम के ले के पंकजो केसरी उत्साहित बाड़े. कहलन कि फिलिम के कहानी अतना बढ़िया बा कि हम सुनते चँउक गइल रहीं.

फिल्म के किरदारन में पंकज केसरी, प्रियंका पाठक, सेजल, विनय बिहारी, रजा मुराद, इशरत अली, विपिन सिंह आ नीलिमा सिंह के खास भूमिका में. कहानी सुरेन्द्र मिश्रा के लिखल हऽ, नृत्य निर्देशन विवेक शर्मा के, कला गणेश निषाद के आ फोटोग्राफी सुरेश कोरियान के बा.


स्रोत : शशिकान्त सिंह