रवि जानल चाहत बाड़े सोनिया आ बिग बी के पूर्वजन्म का बारे में

एनडीटीवी इमेजिन पर चलत रोमांचक टी॰वी॰शो राज पिछले जनम का के टीआरपी के उछाल मारते कई जने सेलिब्रिटी में अपना पिछला जनम के बात जाने के चाहत बढ़ गइल बा. हालही में बिपाशो बसु अइसनका इच्छा जाहिर कइले बाड़ी आ कुछ दोसरो लोग शो के कर्ता धर्ता लोग से संपर्क साधे में लागल बा.

Ravi Kishan

एह शो के एकंरिंग जानल पहिचानल अभिनेता रविकिशन कर रहल बाड़े. अपना एगो फिलिम का शूटिंग में बनारस आ भदोही का प्रवास पर आइल रविकिशन से पूछला पर कि ऊ कवना सेलिब्रिटी के पिछलला जनम का बारे में जानल चहीहें? रविकिशन तपाक से बोललन कि सोनिया गाँधी आ अमिताभ बच्चन के. एह अति जिज्ञासा का पाछा उनकर कुछ अलगा तर्क बा. कहलें कि सोनिया गाँधी चहती त पति का मोत का बाद आराम से अपना दुनु बच्चन के लेके इटली चल गइल रहती बाकिर भारत में रह के जवना तरह से ऊ खाली अपना परिवारे के ना देशो के संबल दिहली ऊ धेयान देवे लायक बा. उनकर त्याग आ देश से लगाव देख के इहे लागेला कि उनकर पिछलका जनम एहिजे भइल होखी. एहिजे का माटी में उनका ऊ ताकत आ संस्कार मिलल जवन उनका काम आ बेवहार से सामने आ रहल बा.

दुसरका अमिताभ बच्चन के एह खातिर कि सड़सठो साल का उमिर में पा जइसन फिलिम कर के अमित जी देखा दिहले बानी कि उनकर उर्जा एक जनम के ना, बलुक कई जनम से हासिल भइल बा. जरुरे उहाँ के पिछला जनम में कवनो बड़ काम कइले होखब जवन उहाँ का व्यवहार में लउकेला. अमित जी नयका अभिनेता लोगन खातिर प्रेरणा के स्रोत त हइहें हईं उर्जावानो बानी. रविकिशन के मानना बा कि एह दुनु शख्सियत के राज जाने के तमन्ना हर हिन्दुस्तानीओ के होखी. शो का बारे में कहलन कि ई एगो अद्भुत शो बा आ हॉट सीट पर बइठे वाला आदमी के चेतना के धेयान तकनीक का सहारे पिछला जनम में ले जाइल जा रहल बा.


स्रोत : उदय भगत