विनय आनन्द कइलन नौ गो वायर वाला स्टंट

भोजपुरी सुपर स्टार विनय आनन्द फेर एगो रिकार्ड तूड़ले बाड़े. ऊ पहिलका बेर नाईन वायर स्टंट कइले बाड़े बृजवा में. अब तक ले बड़हन से बड़हन हिन्दी फिल्म में टू वायर स्टंट होत आइल बा बाकिर बृजवा में विनय आनन्द पर एगो नाइनवायर स्टंट फिल्मावल गइल बा. एह स्टंट के करे खातिर एगो खास तरह के सेफ्टी जैकेट पहिरा के भारी भरम क्रेन का मदद से विनय आनन्द पर जवन स्टंट शूट कइल गइल ओकरा में पूर नौ घंटा लागल आ एह बीच विनय आनन्द पसीने पसीने हो गइल रहलन. बाकिर जब शॉट ओके भइल त सब केहू दाँते अंगुरी दबा लिहले रहे.

A scene from Brijwa

नक्सलवादी कहर पर बनल ई फिलिम ११ दिसम्बर के मुंबई में रिलीज हो के धमाल मचवले बा आ अब १८ दिसम्बर के बिहार में रिलीज होखे जा रहल बा. एह स्टंट का शूटिंग का बारे में बतावत विनय आनन्द कहलन कि एकरा खातिर ऊ जान के बाजी ले लगा दिहले रहलन. एह स्टंट सीन के शूट करावे वाला एक्शन डायरेक्टर शकील शेख रहलन आ अइसनका नाइन-वायर स्टंट करवावे वाला ऊ पहिलका स्टंट डायरेक्टर बन गइल बाड़न. दू सौ आदमी का भीड़ में शूट एह सीन के सभे तारीफ करत बा.

बृजवा से जुड़ल दोसर फीचर


स्रोत : शशिकान्त सिंह