संभावना सेठ के पहिलका पसन्द हियऽ भोजपुरी

चउँकला के कवनो जरुरत नइखे. साँच इहे बा कि सोनी टीवी के मशहूर रियलिटी शो डांसिंग क्वीन के विजेता रहल संभावना सेठ के पहिलका पसन्द हियऽ भोजपुरी.

Sambhawna Seth

करोड़ो जवान दिल के धड़कन संभावना सेठ का दिल में आजुवो भोजपुरी भाषा आ सिनेमा खातिर ओतने प्यार बा जतना पहिले रहे. भलही एह बीचे ऊ बिग बॉस से लोकप्रियता के शिखर छू लिहले होखस बाकिर कहली कि, आजुवो उनका भोजपुरी सिनेमा में आयटम नंबर करे से कवनो परहेज नइखे. ऊ त गर्व से कहेली कि "आजुवो हमरा सफलता के श्रेय भोजपुरिये सिनेमा के बा जे हमरा के भोजपुरिया हेलेन के खिताब दिहलस." कहली कि, "अबहियो ऊ भोजपुरी सिनेमा में काम करे के तईयार बाड़ी आ भोजपुरिया लोगन खातिर उनकर दुआर हमेशा खुलल बा." कहली कि, भोजपुरिये उनका के सफलता दिअवलस आ ता जिनिगी ऊ भोजपुरी सिनेमा करत रहीहें.

पुछनी कि बिग बॉस आ डांसिंग क्वीन से अपने के कैरियर में कवन बदलाव आइल त कहली कि हमरा में त कवनो बदलाव नइखे आइल. हँ काम के आफर जरुरे ढेर मिले लागल बा. हम देश विदेश में कई गो स्टेज शो कर रहल बानी. साथे साथ आजु लोग हमरा के बढ़िया डांसरो माने लागल बा.

संभावना सेठ के भोजपुरी फिलिम प्रेम के रोग भइल हालही में रिलीज भइल बा आ कुछ अउरी फिलिम फ्लोर पर बाड़ी सन.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त