निरहुआ लिहलन बिग बी के इन्टरव्यू

सदी के महानायक बिग बी के मन के बात ले के भोजपुरी के पहिलका मनोरंजक चैनल महुआ आ समाचार चैनल महुआ न्यूज पर पेश करे जा रहल बाड़न भोजपुरी सिनेमा के किंग दिनेश लाल यादव निरहुआ.

Nirahua interviews Big B

पिछला दिने बिग बी का बंगला प्रतीक्षा पर एक घंटा ले दुनु लोग लमहर बातचीत कइल जवना में बिग बी अपनहीं अपना मन के बात सामने ले अइलन. एह बातचीत का दौरान निरहुआ बिग बी का जिनिगी के हर पहलू पर बात कइलन आ संगही संगे बतियवलन हालही में रिलीज भइल आ चर्चा में आइल फिलिम पा का बारे में. एह फिलिम में बिग बी तेरह साल के औरो के किरदार कइले बाड़न, जवन कमे उमिर में एगो बीमारी का चलते बूढ़ा जात बा.

बिग बी एह इन्टरव्यू का दौरान भोजपुरी सिनेमा आ ओकर बढ़त लोकप्रियता आ व्यापकतो पर बात कइलन. कहलन कि हमरा गर्व बा जे भोजपुरी, जवन खुद हमरो भाषा हियऽ आ हमहू ओहिजे के हईं, आजु पूरा देश में आपन झंडा लहरा रहल बिया. बातचीत के औपचारिक शुरुआत होखे से पहिलही बिग बी निरहुआ के सफल कैरियर खातिर बधाई दिहलन आ कहलन कि, आजुकाल्ह आपके बहुत बड़ाई हो रहल बा. पुछलन कि भोजपुरिये करत रहे के बा कि हिन्दीओ करे के बा?

बिग बी का संगे बितावल क्षण के याद करत निरहुआ कहलन कि, "जब हम पहिला बेर उनका सामने भइनी त लागल कि भगवान का सोझा बानी. ओह एक घंटा का मुलाकात में हम अइसन मंत्रमुग्ध हो गइल रहीं कि हमरा याद नइखे कि का पुछनी आ उहाँ का का जबाब दिहनी. बहुते सुखद रहल ऊ मुलाकात. पुछला पर कि अमित जी के इन्टरव्यू करे के बात सुन के कइसन लागल रहे?" निरहुआ कहलन कि, "हम त सुनते खुश हो गइनी आ मातारानी के प्रणाम करे लगनी कि हमरा मन के साध पूरा कर दिहली. कुछ दिन पहिलही प्रतीक्षा का सोझा से गुजरत मन में आइल रहे कि अमित जी से एक दिन भेंट करे के बा. आ जब मालूम हो गइल कि उहाँके इन्टरव्यू ले बे हमरा जाये के बा त सवाल तइयार कइनी, अपना कैमरा के बैटरी ठीक करवनी जेहसे कि एन मौका पर कवनो धोखा मत हो जाव. एगो आटोग्राफ बुक लिहनी आ चल दिहनी इन्टरव्यू लेबे. आटोग्राफ देत घरी अमित जी बस मुसुकात रहनी. आखिर में हम उहाँ से अभिनय के कुछ टिप्स लिहनी आ अमित जी के ४० साल के अभिनय यात्रा में शामिल भइनी."

खास बात त ई रहे कि जब बिग बी का आफिस से एह साक्षात्कार खातिर बात भइल रहे त कहल गइल रहे कि इन्टरव्यू लेवे आजु का दौर के सबसे बड़ स्टार के भेजल जाई.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त