हवालात में रोमांस

पिछला दिने मुंबई का संक्रमण स्टूडियो में अलगे नजारा देखे के मिलल जब हवालात में रोमांस के नजारा फिल्मावल जात रहुवे. लीलावती प्रोडक्शन का बैनर में निर्माता सुजाता ओझा के भोजपुरी फिलिम राम बनवले जोड़ी के शूटिंग आजुकाल्हु मुंबई का अलग अलग लोकेशन पर कइल जा रहल बा. फिलिम में आनन्द कुमार आ हॉट गर्ल लवी रोहतगी पुलिस इंसपेक्टर का भूमिका में बाड़े आ दुनु एक दूसरा का प्रेम में कैद बाड़े आ ओहि प्रेम के इजहार ओहदिने हवालात में होत रहुवे. आ हम देख के दंग रह गइनी हवालात में रोमांस!

Anand Kumar and Lovy Rohatagi

राम बनवले जोड़ी के निर्देशन धीरज कुमार कर रहल बाड़े. कहानी आ पटकथो उनकरे लिखल हऽ. गीत लिखले बाड़न सच्चिदानन्द कवच आ वीरेन्द्र पाण्डे. संगीत गुणवन्त सेन के हऽ. छायाकार शिबू दुबे, नृत्य निर्देशक जेडी आ सह निर्देशक नीरज वर्मा बाड़े.

फिलिम क खास खास किरदार कर रहल बाड़े सुपर स्टार मोनालिसा, मोनालिसा, आनन्द कुमार, लवी रोहतगी, बृजेश त्रिपाठी, अली खान, धामा वर्मा, गोविन्द पाठक, नन्हे पाण्डे, आ मटरू.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त