हमार ललकार के संगीतमय शुरुआत

पिछला दिने मुंबई में भोजपुरी फिलिम हमार ललकार के संगीतमय शुरुआत पंचम स्टूडियो में कइल गइल. एह फिलिम के निर्माण तीर्थवासी देवी इन्टरटेनमेंट का बैनर में गिरीश कुमार चतुर्वेदी कर रहल बाड़े आ निर्देशन कर रहल बाड़े अनिकेत मिश्रा. संगीतमय मुहुर्त का अवसर पर विजय लाल यादव का आवाज में गाना के रिकार्डिंग करावल गइल.

Hamar Lalkaar Muhurt

हमार ललकार के गीत श्यामजी श्याम आ अरविन्द तिवारी के लिखल हई सन आ संगीत दिहले बाड़े अमन श्लोक. फिलिम के खास कलाकारन में विजय लाल यादव, अनारा गुप्ता, उमेश सिंह, प्रिया शर्मा, महेश राज, जयतिलक, नीलिमा सिंह, विनोद मिश्रा, समीर शेख आ विजेन्द्र गिरी शामिल बाड़े. कहानी अरविन्द तिवारी के लिखल हऽ आ नृत्य निर्देशन करीहें संतोष कुमार.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त