चुनमुन के नया धमाल, किसना कइलस कमाल

आरके सिने इंटरटेनमेंट का बैनर में बनत निर्माता लक्ष्मण पाण्डे के भोजपुरी फिलिम किसना कइलस कमाल के शूटिंग पूरा हो गइल बा. लेखक निर्देशक चुनमुन पंडित के कहना बा कि ई सांचहू एगो कमाल के फिलिम बन गइल बा.

तीन भाईयन में सबले छोट किसना एकदमे निखट्टू आ निकम्मा बा. बाद में जब बाकी दुनुन भाई घर परिवार से नाता तूड़ लेत बाड़े त किसना अचके में सयान हो जात बा आ अपना परिवार खातिर कमाई करे शहर का ओर निकलत बा त ओहिजो ओकर मजाक बन जात बा. बाकिर ऊ त किरिया खा के निकसल रहे एहसे सबकुछ का बावजूद शहर में टिकल रहत बा.

कुछ करे का जिद्द में किसना कुछ अइसन कर जात बा कि बालीवुड के एगो हसीना ओकरा पर मरे लागत बाड़ी. गाँव में त ओकरा के चाहे वाली एगो पहिलही से बाड़ी. हँसी खेल वाला अन्दाज में शूरु एह फिलिम के कहानी एगो सीखो दे जात बिया. बतावत बिया कि अपना परिवार खातिर राउर जिम्मेदारी का होला, एकर अहसास रउरा होखे क चाहीं. चुनमुन पंडित बतावत बाड़न कि किसना का किरदार में विनय आनन्द कमाल के अभिनय कइले बाड़न. ओकर बाप के किरदार करत राकेश पांडे का बारे में त कुछ कहहीं के नइखे.

किसना के गांव वाली के किरदार गुंजन पंत कइले बाड़ी त बालीवुड बाली प्रेमिका के किरदार प्रिया शर्मा कइले बाड़ी. चुनमुन के भरोसा बा कि ई फिलिम सिनेमाघरो में कमाल देखलाई. लेखक निर्देशक का रुप में ई उनकर दुसरका फिलिम हऽ. पहिलका रहुवे लागल अँचरा में दाग. किसना कइलस कमाल के संगीतकार अशोक घायल आ गीतकार झुन्नु चंचल हउवें.


स्रोत : उदय भगत