विनय बिहारी के गीत राजेश गुप्ता के संगीत का साथ
पवन सिंह के आवाज के जादू

पिचला दिने निर्माता संदीप श्रीवास्तव के फिलिम सईंया का साथ मइईया में खातिर पवन सिंह,विनय बिहारी, कल्पना आ राजेश गुप्ता मिल के जवन गाना रिकार्ड करावल लोग, सगरी बेमिसाल बाड़ी सन. पवन सिंह एह फिलिम के नायको बाड़न. ऊ ढेरहन गीत गवले बाड़े बाकिर एह फिलिम के गीतन के ऊ बहुते तारीफ कइलन. कहलन कि विनय बिहारी एह गीतन के अतना खूबसूरती से लिखले बाड़े कि सुनला का बाद लोग के दिल में पइठ जइहें सन.

At the recording of Saiya ka Saath Madaiya Me

विनय बिहारी कहलें कि ऊ पहिलही सोच लिहले रहुवन कि एह फिलिम के गीत इंडस्ट्री में यादगार हो जइहें सन. गायिका कल्पना कहली कि एह फिलिम के गीत गावत में उनका करंट लेखा लागल. कहली कि ढेरे गीत गवले बाड़ी बाकिर एह गीतन के गा के लागल कि बेहतरीन गाना कवना के कहल जाला. ओहिजे संगीतकार राजेश गुप्ता के दावा बा कि एह फिलिम के संगीट अलगे रंग लिहले रही. कहलन कि एकनी के संगीत तइयार करे खातिर ऊबहुते मेहनत कइले रहलें आ जब रिकार्डिंग का बाद गाना सुनले त बुझा गइल कि मेहनत सफल रहल. अतना बढ़िया संगीत उतरल कि जेही सुनल उनका के अँकवारी में भर लिहल.

बेतिया के रहे वाला निर्माता संदीप श्रीवास्तव के एह फिलिम सईंया का साथ मइईया में के सगरी गीत रिकार्ड हो गइल बाड़ी सन. संदीप कहलन कि उनकर निर्माता बने के सपना अगर पूरा हो गइल त विनये भईया का चलते. ना त बुझात रहे कि निर्माता बने के सपना सपने रह जाई. फेर पवन सिंह ई फिलिम करे पर राजी हो गइलन. कहलन कि एह फिलिम के गीत भोजपुरी फिलिमन का इतिहास में आपन अलगेमुकाम बना लीहें सन. कहलन कि हर गीत का तइयारी में ऊ खुदहू शामिल रहलन. विनय बिहारी के कलम के कमाल, राजेश गुप्ता के संगीत के मधुरता आ ओह पर से पवनसिंह के आवाज के जादू एह गीतन के लाजवाब बना दिहले बाड़ी सन.


स्रोत : खालिद