पाकिस्तानो में देखावल जाई बृजवा

भोजपुरी सिने निर्माता ई सुन के झुम उठल बाड़े कि पहिला बेर पाकिस्तानो में कवनो भोजपुरी फिलिम रिलीज होखे जा रहल बा आ एकर मौका मिल रहल बा एह साल के सबले हिट फिलिम बृजवा के. जितेश दूबे के प्रस्तुति बृजवा में नक्सलवाद क करिया चेहरा देखावल बा आ जनवरी २०१० में एकरा के पाकिस्तान में १६ प्रिन्ट का साथे रिलीज कइल जा रहल बा.

Brijwa
Phool Singh : who plays Brijwa

मंजुल ठाकुर निर्देशित बृजवा आजुकाल्ह मुंबई में सफलता के सगरी पुरनका रिकार्ड तूड़ले जात बा. एह फिलिम में भोजपुरी सुपरस्टार विनय आनन्द, सुदीप पांडे, दीपक दुबे, गुंजन पंत, कल्पना शाह, आ साधिका रंधावा मुख्य भूमिका में बा लोग.

जीतेश दुबे के कहनाम बा कि ऊ कोशिश में बाड़े के पाकिस्तान का मल्टीप्लेक्सो में बृजवा देखावल जाय. दाम त ना बतवले बाकिर अतना जरुर कहले कि बहुते ऊँच दाम पर पाकिस्तान खातिर खरीदल गइल बा बृजवा. फिलिम के प्रदर्शन से पहिले ओहिजा एकर प्रोमो देखावल जाई. मानल जा रहल बा कि बृजवा के प्रदर्शन

बृजवा के किरदार फूल सिंह कइले बाड़न.


बृजवा से जुड़ल दोसर फीचर


स्रोत : शशिकान्त सिंह