जोड़ी लागे रे कमाल

श्री सिद्धि विनायक मीडिया इंटरटेनमेंट का बैनर में बनल भोजपुरी फिलिम जोड़ी लागे रे कमाल महेश पाण्डेय के प्रस्तुति हऽ. मंजुल ठाकुर का निर्देशन में बने वाली एह फिलिम के निर्माता मुकेश पाण्डेय हउवन. एह फिलिम के मुहुर्त पिछला दिने मुंबई के ट्रायो डिजिटल स्टूडियो में करावल गइल.

Muhurt of Jodi Laage Re Kamal

महेश पाण्डेय बतवलन कि फिलिम मनोरंजक कॉमेडी से भरल बा आ एहमें पूर्वांचल के गँवई परिवेश के जीवन देखावल गइल बा. एकरा नायक नायिका के बिआह लड़िकाइयें में हो गइल रहे. बड़ भइले सन त बदलल हालात में लड़की से एगो दोसर लड़िका प्यार करे लागता. लड़िका के बस अतने मालूम बा कि ओकर कवनो पत्नी बिया जवना के ऊ चिन्हबो ना करे. लड़की के ई सब कुछुवो मालूम नइखे. आ ओकरा अनजाने में ओकरा पति आ प्रेमी का बीच एगो शीत युद्ध शुरु हो जात बा. बीच बीच में हँसी मजाक आ आंचलिकता के रंग लिहले एगो मनोरंजक कहानी बढ़त जाता.

जोड़ी लागे रे कमाल के मुख्य नायक पवन सिहं रहीहें. उनुका नायिका के अबले नइखे चुनाइल. प्रेमी के किरदार करीहें संजय पाण्डेय. साथ में जवन दोसर कलाकार रहीहें ओहमें बृजेश त्रिपाठी, गोपाल राय, बाल गोविन्द, विनोद मिश्र, प्रिया पाण्डेय आ पुष्पा वर्मा के नाम बा. एही फिलिम से नवोदित विजय मिश्रा के फिल्मी सफर शुरु हो रहल बा. गीत विनय बिहारी के आ संगीत राजेश गुप्ता के बा. कैमरा मैन रहीहें प्रमोद पाण्डेय. फिलिम के शूटिंग आजमगढ़ में करावल जाई.


स्रोत : शशिकान्त सिंह