रविकिशन आ पवन के देवरा बड़ा सतावेला

भोजपुरी सिनेमाके दु गो सुपर स्टार रविकिशन आ पवन सिंह के शानदार अभिनय के डबल धमाका दर्शकन के देखे के मिली भोजपुरी फिलिम देवरा बड़ा सतावेला में. मानस मूवीज इंटरनेशन का बैनर में बनल एह फिलिम में तीन गो भाईयन के कहानी देखावल बा, जवना में दु गो भाई का भूमिका में बाड़े रविकिशन आ पवन. एह दुनु जने पर शानदार एक्शन सीन फिल्मावल गइल बा.

Ravi Kishan and Pawan Singh

बिहार के मशहुर फिल्म वितरक आ सिनेमा थियेटर मालिक दिलीप जायसवाल के निर्माण देवरा बड़ा सतावेला के निर्देशन लागल रहऽ राजा जी, आ दिवाना जइसन ब्लॉक बस्टर फिल्म के निर्देशित करे वाला राजकुमार आर पाण्डेय कइले बाड़े. एह फिलिम में भव्यता का साथ साथ तकनीकिओ स्तर पर खास ध्यान दिहल गइल बा. मधुकर आनन्द के संगीत में विनय बिहारी, पप्पू ओझा आ श्याम देहाती के लिखल गाना नृत्य निर्देशक महादेव आ कानू मुखर्जी रविकिशन आ पवन सिंह पर फिल्मवले बाड़े. कैमरा में उतारे के काम प्रमोद पाण्डे के बा. कहानी संतोष मिश्रा के, संपादन जीतेन्द्र सिंह जीतू, कला निर्देशन इंद्रजीत आ मारधाड़ निर्देशन शकील शेख के बा.

देवरा बड़ा सतावेला का मुख्य किरदारन में रविकिशन आ पवन सिंह का अलावा हॉट गर्ल रानी चटर्जी, मोनालिसा, प्रदीप पाण्डे, नेहा महमूदम ब्जेश त्रिपाठी, अवधेश मिश्रा, संजय पान्डे, शबनम श्री, विजय खरे, अनूप अरोड़ा, आरके गोल्डी, पुष्पा वर्मा, के के गोस्वामी, आनन्द मोहन, पृथ्वी सिंह आ दिव्या द्विवेदी बा लोग.

फिल्म के शूटिंग पूरा हो चुकल बा आ पोस्ट प्रोडक्शन काम चल रहल बा.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त