जय मेहरारु जय ससुरारी के गाना रिकार्ड

निकर्स क्रियेशन्स का बैनर में बने जा रहल भोजपुरी फिलिम जय मेहरारु जय ससुरारी के गाना के रिकार्डिंग पिछला दिने मुंबई का ट्रिनिटी डिजीटल स्टूडियो में करावल गइल.

Muhurt of JaiMehraru Jia Sasurai

अनिल सिंह एह फिलिम के निर्माण करा रहल बाड़न आ निर्देशन करत बाड़े दीपक सिंह. फिल्म के कहानी, पटकथा, गीत आ संवाद सब विनय बिहारी के लिखल हऽ. संगीत तइयार कइले बाड़े राजेश गुप्ता. फिल्म के खास किरदारन में पंकज केसरी, मोनालिसा, स्वाति वर्मा, आनन्द मोहन, मास्टर विधू बिहारी, आ विनय बिहारी नजर अइहन.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त