नवे मिनट में शूट हो गइल पूरा गाना

भोजपुरी सिनेमा का इतिहास में पहिला बेर कवनो गाना नौ मिनट में शूट कर लिहल गइल बा आ ई गाना शूट भइल भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार विनय आनन्द पर भोजपुरी फिलिम किसना कइलस कमाल खातिर. एह गाना के कोरियोग्राफी जानल मानल कोरियोग्राफर ज्योति आनन्द कइलन. विनय आनन्द आ गुंजन पंत पर फिल्मावल एह गाना में करीब डेढ़ सौ महिला नचनियो रहली सन.

Vinay anand and Gunjan Pant

बिहार का बक्सर में सेट लगा के एह गाना के फिल्मावल गइल. बताये वालन के कहना बा कि ज्योति आनन्द गाना शूट करे से पहिले विनय आनन्द आ गुंजन पंत से जमके रिहर्सल करवले रहली आ पूरा यूनिट के मालूम रहुवे कि आज एगो रिकार्ड बने जा रहल बा आ जब नौ मिनटे में पांच मिनट के ई गाना शूट कर लिहल गइल त सभे ताली पीट के ज्योति आनन्द, विनय आनन्द, आ गुंजन पंत के सराहल.

ज्योति आनन्द के त खुशी के ठिकाना ना रहे. कहली कि मजा आ गइल! अलगा बात बा कि मेहनतो खूब करे के पड़ल. गुंजन पंत कहली कि उनका खातिर त ई कमाल के अनुभव रहल विनय आनन्द का साथे डांस कइल.


स्रोत : शशिकान्त सिंह