काल्हु के अर्जुन प्रवेशलाल यादव

ई महज एगो संजोगे भर बा कि अभय सिन्हा के अगिलका फिलिम करन अर्जुन में प्रवेश लाल यादव अर्जुन बनीहन आ उनकर बड़ भाई दिनेशलाल यादव निरहुआ करन. बाकिर ई संजोग आवे वाला दिन में संजोगे भर ना रह जाई. प्रवेश के चेहरा के तेज आ आँतर में भरल आत्मविश्वास बतलावत बा कि ऊ सही मायने में भोजपुरी सिनेमा के अर्जुन बने जा रहल बाड़न.

Pravesh Lal Yadav

करन का तरह अजेय आ अद्वितीय बनल दिनेश (निरहुआ) अपना खासियत से भोजपुरी सिनेमा जगत के एगो एकदमे नया योद्धा दिहले त अब प्रवेशलाल उनको से दू डेग आगा बढ़ के पूरा तइयारी का साथ आपन लक्ष्य वेधे निकल पड़ल बाड़न. चलनी के चालल दुल्हा में जब ससुरा फेम अजय सिन्हा प्रवेश लाल के पहिला मौका दिहले त कहल गइल कि निरहुआ के छोटो भाई के फिल्म के प्रवेशपत्र मिल गइल. परिवार आवत आवत प्रवेश के पहचान कलाकार का रुप में हो गइल. ओकरा बाद उहे प्रवेश तू ही मोर बालमा के शूटिंग पूरा कर के अइलन त उनका से बात करे के मौका मिलल. ओहि बातचीत के कुछ हिस्सा एहिजा दिहल जा रहल बा ....

निरहुआ के भाई जूनियर निरहुआ का रुप में रउरा भोजपुरी फिलिमन के परिवार में दाखिला मिलल. का अब ले ओकरे फायदा मिल रहल बा? भा आपन पहचान बनावे में कवनो दिक्कत पेश आ रहल बा?

जूनियर निरहुआ का रुप में प्रवेश मिललो सही रहे काहे कि हम निरहुआ के भाई हईं. बाकिर ऊ लांचिंग के बात रहुवे. अब ना त हम भईया के नाम के बैशाखी चाहत बानी ना भईया चाहत बाड़े कि हम उनकर कार्बन कापी बन जाईं. अब भाई पर भाई के असर त रहबे करी बाकिर देखीं त हमनी दुनु भाई के स्टाइल अलग बा, रहहू के चाहीं. हँ दर्शकन के प्यार हमरा के जूनियर निरहुआ का रुप में देखत बा त उहो नीक लागत बा, एकरा के कवनो दोसरा अर्थ में लिहला के जरुरत नइखे.

एगो अभिनेता का तरह राउर आपन आ मजगर पहिचान कब ले बनी?

बस असलम शेख के तू ही मोर बालमा रिलीज होखे के इन्तजार करीं. एही से एगो सम्पूर्ण अभिनेता का रुप में हमार पहिचान बन जाई. जब परिवार करत रहीं तबहिये असलम शेख हमरा के शाबासी देत कहले रहन कि अगिलो फिलिम साथही कइल जाई. तू ही मोर बालमा में असलम जी हमरा भीतर के अभिनेता के जगा दिहले बाड़न. बहुते रोमांचकारी फिलिम बनल बिया तू ही मोर बालमा.

बाकिर रउरा बलमा हईं केकर?

(लजात सकुचात) जी, रिंकू घोष के.

अब एह फिलिम का बाद का हो रहल बा?

अभय सिन्हा जी के फिलिम करन अर्जुन में हम आ दिनेश भईया फिलिमवो में भाई भाई के किरदार करत बानी जा. रियल लाइफ के करन अर्जुन के रीलो लाइफ में रउरा एगो अलगे अन्दाज में देखब. फिलिम के निर्देशन हैरी फर्नान्डिज करत बाड़े.

अपना होम प्रोडक्शन निरहुओ इन्टरटेनमेंट के कवनो फिलिम करत बानी?

फिलहाल त ना. अबही हम बाहर के आफर पर बेसी धेयान दे रहल बानी जेहसे कि अपना कैरियर के एगो बेहतर आकार दे पाईं.

नया आफर में कवना बात पर जोर दिहिले?

हम पूरा स्क्रिप्ट देखीलें, बस अपने भूमिका देख के संतुष्ट हो गइल खतरनाक होखेला. आपन भूमिका सहिये होखो आ कहानी लचर होखो त फिलिम के उबरल मुश्किले होला.

कवना तरह के भूमिका रउरा नीक लागेला?

हम त एक्शन के प्राथमिकता देनी. एक्शन के अंत ना होला. आ रोमांस बिना त फिलिम बनिये ना पाई, एहसे ऊ त रहबे करी.

रउरा से सबका कुछ ना कुछ अलगे उम्मीद बा?

हँ. जानत बानी. लोग जूनियर निरहुआ कहेलें त ओकरो एगो मतलब होला. हम त जी जान से लागल बानी आ आपन अलगा पहचान बनावे में कुछ हद तक सफलतो मिलल बा. आगा आवे वाली फिलिमन से हमरा के लोग प्रवेशलाल का नाम से जाने लागी.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त