भोजपुरी अदाकारा नम्बर वन पाखी हेगडे

बरिस २००९ जब आपन तीत मीठ इयाद देत बीत चलल बा त देखल जाव कि भोजपुरी अदाकारा में के सबले अव्वल रहल. एह साल के सबसे अव्वल अदाकारा रहली पाखी हेगडे.

Pakhi Hegde is number 1

बरिस २००९ में पाखी हेगडे के कुल सात गो फिलिम रिलीज भइली सन आ सातो के सातो बाक्स आफिस पर हिट रहली सन आ बना दिहली सन पाखी के अदाकारा नम्बर वन एह बीतत साल में पाखी हेगडे के जवन फिलिम रिलीज भइली सन तवनन के नाम बा प्रतिज्ञा, चलनी के चालल दुल्हा, भूमिपुत्र, प्रेम के रोग भइल, दिवाना, पवन पुरवईया,परिवार. प्रतिज्ञा जइसन ब्लाक बस्टर फिलिम से शुरुआत का बाद पाखी के चलनी के चालल दुलहा आ प्रेम के रोग भइल कई सिनेमा हालन में पचासा लगवली सन त दिवाना आ पवन पुरवईया सैकड़ा. परिवार में संपूर्ण भारतीय नारी का किरदार में उतरल पाखी होखस बा भुमिपुत्र के मराठी लड़की के किरदार करे वाली पाखी, दुनु दर्शकन का दिल में उतर गइली सन.

सबले शानदार बात ई रहल कि पाखी जवने हीरो के साथ अइली सगरी जोड़ी हिट भइली सन. रविकिशन, पवन सिंह, आ अपना लकी हीरो दिनेशलाल यादव निरहुआ, सबका साथ पाखी के जोड़ी जमल आ हिट रहल.

एहसे बेहिचक कहल जा सकेला कि पाखी तू ही बाड़ू नम्बर वन!


स्रोत : प्रशान्त निशान्त