जम्मू के गोरी यूपी के छोरा के दिल दे दिहली

अपना अदाकारी से भोजपुरी सिनेमा में एगो अलगे मुकाम हासिल कर लेबे वाली मिस जम्मू अनारा गुप्ता आपन जिनिगी भदोही के सोम यादव का नामे कर दिहली. पिछला दिने मुंबई का फिल्मसिटी में दुनु जने अपना अपना प्यार के इजहार करत भर जिनिगी साथ निबाहे के वादा कइलसि. फिल्मसिटी कैन्टीन का लगे का गार्डन में मशहूर निर्देशक इकबाल बख्श के बनवावल खूबसूरत सेट के आर्ट डायरेक्टर दुलहिन का तरह सजवले रहले, कोरियोग्राफर दिलीप मिस्त्री के दू दर्जन से बेसी सहायिका डांसर सोम आ अनारा के इजहारे इश्क के गवाह बने खातिर तइयार होत रहुवे. डांसरन के तइयार कर लिहला का बाद कोरियोग्राफर दिलीप मिस्त्री अनारा आ सोम के बोलवलन आ उनका एक्शन कहते गाना बाजे लागल जिनिगी में आके भर देलू तू जान, दिवाना हईं तोहार गोरिया.. शॉट ओके होखते हम पहिलका सवाल अनारा गुप्ता से कइनी कि का सांचहू जम्मू के गोरिया यूपी के छोरा के दिल दे दिहले बाड़ी?

Anara Gupta and Som Yadav

मुस्की छाँटत अनारा जवाब दिहली हमार किरदारे कुछ अइसन बा. सोम शहर से पढ़ के गाँव आवत बाड़न आ एहिजा हमरा के दिल दे देत बाड़न आ हमहू उनकर दिवानी बन जात बानी. एहिजा जवन गाना फिल्मावल जा रहल बा तवन ड्रीम सांग हऽ. सोम बतवलन कि दिल तोहरे प्यार में पागल हो गइल एगो रोमांटिक फिलिम हऽ जवना में निर्देशक इकबाल बख्श लेख रमेश मिश्रा का सहयोग से एक एक सीन के खूबसूरती से पिरवले बाड़न. जी नाइन इन्टरटेनमेंट के इ फिलिम देखेवालन के यश चोपड़ा के फिलिमन के इयाद दिआ दी. निर्देशक इकबाल बख्श कहले कि उनकर पहिलका फिल्म हम हैं मुन्ना भईया में जहवाँ लोग एक्शन के बेहतरीन नजारा देखी ओहिजे एह फिलिम में रोमांस आ एक्शन के अपूर्व संगम के दीदार होखी.


स्रोत : उदय भगत