बिहारी दिग्गज करीहन एलान

कहल जाला एक बिहारी सौ पर भारी. यदि कवनो फिलिम में बिहार के तीन गो दिग्गज कलाकार एक साथ नजर आवस त सोचीं कतना बड़ बँड़ेरा उठे वाला बा. कुछ अइसने होखे जा रहल बा फिल्म एलान बा में, जवना में पहिलका बेर बिहार के तीन गो पावर पैक्ड अभिनेता मनोज तिवारी, पंकज केसरीयोगेन्द्र तिवारी एक साथ नजर आवे जा रहल बाड़े आ तीनो मिल के जुर्म का खिलाफ एलान करीहें.

At the muhurt of Elan Baa

तिवारी इंटरटेनमेंट आ अभिषेक इन्टरटेनमेंट का बैनर में बने जा रहल भोजपुरी फिलिम एलान बा के निर्माता हउवें योगेन्द्र तिवारी आ अभिषेक राज. आ एतना बड़ बड़ सितारन के निर्देशित करे के काम कर रहल बाड़े धीरज कुमार. फिलिम के कथा पटकथा खुद धीरजे कुमार तईयार कइले बाड़े.

भोजपुरी सुपर स्टार मनोज तिवारी आ पंकज केसरी समेत योगेन्द्र तिवारीओ बहुत खुश बाड़े एह फिलिम के ले के. सधल स्क्रिप्ट आ हाई बजट में बने वाली एह फिलिम का बारे में बतावत धीरज कुमार कहले कि एलान बा भ्रष्टाचार आ नक्सलवाद का विभीषिका में फँसल पुलिस बालन के कहानी बा. एह फिलिम में मनोज तिवारी, पंकज केसरी, योगेन्द्र तिवारी का अलावा लवी रोहतगी आ वर्षा तिवारीओ के खास किरदार बा. सच्चिदानन्द कवच, कामाख्या श्रीवास्तव, आ राकेश सिंह के लिखल गीतन के संगीत का सुर में सजवले बाड़े गुणवन्त सेन. कैमरा मैन आर आर प्रिंस हउवें आ संवाद सुरेन्द्र मिश्रा के लिखल हऽ.


स्रोत : शशिकान्त सिंह आ रंजन सिन्हा