सिकन्दर के शानदार मुहुर्त भइल

लकी प्रोडक्शन के प्रस्तुति आ सैठद परवीन ताज के भोजपुरी फिलिम सिकन्दर के भव्य मुहुर्त पिछला दिने एम्पायर रिकार्डिंग स्टूडियो में भइल जवना में मशहूर पार्श्वगायक उदितनारायण का आवाज में फिलिम के पहिला गाना रिकार्ड करावल गइल. फिल्म के गीतकार श्याम देहाती, आ पवन मिश्रा हउवें आ संगीतकार हउवन राज इन्द्र राज. निर्देशक बाड़े दक्खिन के जानल मानल फिल्मकार खुशेन्द्र उर्फ के॰आर॰ रेड्डी. सह निर्माता सैयद जबीउल्ला आ कैमरामैन प्रेम निगू. फिल्म कले ताइटल रोल बेटवा बाहुबली फेम के अजय दीक्षित कर रहल बाड़े आ उनका साथे नायिका बन के आ रहल बाड़ी नया तारिका आयशा.

Ajai Dixit and Ayesha at muhurt of Sikander फिल्म के कहानी में सिकन्दर एगो कालेजिया विद्यार्थी ह जेकरा सुमन से प्यार हो जात बा. सुमन के किरदारर नया नया आइल तारिका आयशा कर रहल बाड़ी. एह प्रेम का राह में तरह तरह के बाधा आवत बा जवना में से एगो हैसियतो बा. बाकिर सिकन्दर त सिकन्दर हऽ आ सिकन्दरन खातिर कहवाँ बाधा आवेला? ओकरा सोझा त बड़ से बड़ पहाड़ो रास्ता के पत्थर से अधिका ना होला. एह फिलिम में सिकन्दर आपन प्रेम त हासिल करते बा समाज के कई गो बरजनो तूड़त बा. अजय दीक्षित के किरदार बहुते चुनौतीवाला आ रोमांचक बा. अजय के ई तीसरका फिलिम हऽ. उनकर दूसरकी फिलिम नजरिया तोहसे लागी बन के तइयार बा. सिकन्दर एगो म्यूजिकल थ्रिलर बा जवना के के॰ आर॰ रेड्डी एकदम से नया अंदाज में फिल्मावे जा रहल बाड़े.

मुहुर्त का शुभ मौका पर रजा मुराद, अली खान, निर्देशक राजकुमार पान्डेय, असलम शेख, देव पाण्डेय, अवनि अग्रवाल, जगदीश सी पाण्डेय, विनित कुमार, सुनील बुबना, अजय जायसवाल, प्रेम निंगू वगैरह मौजूद रहले.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त