केहू के एगो ना भेंटाव, निरहुआ के सात गो

हालही में भोजपुरी सिनेमा के किंग कहाये वाला दिनेश लाल यादव निरहुआ के एगो शूटिंग का दौरान सात सहेलियाँ आपन शिकार बना लिहली आ एक एक करके जड़ दिहली निरहुआ का होठ आ गाल पर आपन आपन चुम्मा. आ ई सात सहेलियाँ रहली पाखी हेगडे, रानी चटर्जी, मोनालिसा, पूनम सागर, दिव्या द्विवेदी, लवी रोहतगी, आ रिंकू घोष.

Kissing Nirahua

अचानक गाले पड़ल अतना चुम्मा से निरहुओ चउँक गइलें, काहे कि उनको एकरा बारे में पहिले से मालुम ना रहे. बाकिर ई रहे कहानी का डिमान्ड पर. फिलिम में ई सातो सहेली हमरा से प्यार करत बाड़ी आ अपनापन देखावे आ प्यार जतावे खातिर हमरा के चूमे लागत बाड़ी. पूछला पर कि सात गो चुम्मा वाला ई सीन देत घरी कइसन लागल? निरहुआ कहलन कि अब त आदत पड़ गइल बा, एहसे नर्वस ना होखीं. पिछलको कुछ फिलिम में अइसन सीन कर चुकल बानी आ सब कुछ काम समुझ के कर दिहिलें.

अब देखे के बा कि आदि शक्ति इन्टरटेनमेंट आ साईदीप फिल्म्स का बैनर में बनत निर्माता निर्देशक राजकुमार आर पाण्डेय के एह फिलिम के दर्शक कतना चूमत बाड़े आ निरहुआ के किसंग अवतार ओह लोग के कइसन लागऽता. उमेद त सबका इहे बा कि हर बेर का तरह निरहुआ के इहो फिलिम सुपर हिट होखी.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त