बिना रील का कैमरा पर बने जात लाल लुग्गा

भोजपुरी सिनेमा का इतिहास में पहिला बेर एगो नया प्रयोग होखे जा रहल बा. भोजपुरी सुपर स्टार मनोज तिवारी अभिनीत आ महेश पाण्डे के निर्माण लाल लुग्गा का शूटिंग में अइसन कैमरा के इस्तेमाल होखे जा रहल बा जवना में कवनो रील ना होखी आ ना ही जरुरत पड़ी अलगा से कवनो साउण्ड सिस्टम भा मानिटर के. एह फिलिम के एगो अउरी रिकार्ड बा भोजपुरी के पहिलका हॉरर मूवी होखे के.

Muhurt of Lal Lugga

लाल लुग्गा जवना कैमरा पर शूट होखे जा रहल बा तवना के नाम हऽ रेड वन कैमरा. हालीवुड के बहुते फिलिम एही कैमरा पर शूट भइल बाड़ी सन. एह कैमरा के खासियत हऽ कि एहमें दू गो स्क्रीन रहेला. कलाकार शूटिंग करत घरी आपन फ्रेम खुदे स्क्रीन पर देख सकेला.

लाल लुग्गा के निर्देशित करे जा रहल बाड़े मंजुल ठाकुर आ शूटिंत १५ जनवरी से गुजरात के राजपिपला में होखे जा रहल बा. आ एहमें भोजपुरी सुपर स्टार मनोज तिवारी का साथ रिंकू घोष, अनारा गुप्ता, संजय पाण्डेय, मनोज टाईगर के खास किरदार बा. एह फिलिम से नवोदित विजय मिश्रा के लांचो कइल जा रहल बा. लाल लुग्गा का बारे में एकर निर्माता निर्देशक के कहनाम बा कि एकरा में स्पेशल इफेक्ट के भरपूर इस्तेमाल कइल जाई. आखिर निर्माता मुकेश पाण्डे भोजपुरी के कई गो माइन्ड ब्लोविंग फिलिम, जइसे कि घर द्वार, हम बाल ब्रह्मचारी तू कन्या कुमारी, आ गब्बर सिहं, बना चुकल बाड़े. मंजुल ठाकुर के कहनाम बा कि रेड वन कैमरा के इस्तेमाल फिलिम खातिर बहुते मददगार साबित होखी.


स्रोत : शशिकान्त सिंह