शुभम तिवारी करीहन पहलवानी

अवार्ड विनिंग निर्देशकन के पहिलका पसन्द बनल जात बाड़े शुभम तिवारी. पहिले पहिल नेशनल अवार्ड विजेता डायरेक्टर आनन्द गहतराज का फिलिम कानून हमरा मुट्ठी में में एगो पुलिस इन्सपेक्टर बनल मुख्य नायक के किरदार अइसन निबहले कि जे देखे ओकरा खुद्दार के गोविन्दा याद आ गइल. अब शुभम तिवारी पिछला साल के बेस्ट डायरेक्टर अवार्ड जीते बाला असलम शेख के फिलिम तू ही मोर बालमा में नजर आवे जा रहल बाड़े.

Shubham Tiwari फिलिम तू ही मोर बालमा के निर्माण रितेश कुमार ठाकुर कइले बाड़े आ प्रस्तुतकर्ता हउवन जितेश दूबे. एक ओर जहाँ स्टारन में एट एब्स बनावे के होड़ लागल बा, शुभम तिवारी देशी स्टाइल के पहलवान बन के सामने आ रहल बाड़न. भोजपुरी के एह मशल्समैन के रउरा तू ही मोर बालमा में देख पायब जवन उनकर दूसरकी फिलिम हवे. शुभम तिवारी झारखण्ड के अकेला कलाकार हउवन जे इंजीनियरिंग के पढ़ाई पूरा कइला का बाद सिनेमा लाइन में अइलें आ आवते कानून हमरा मुट्ठी में के अपना किरदार से लोगन के दिल जीत लिहलें.

अब तू ही मोर बालमा में शुभम तिवारी का साथे लोग के दिल जीते आ रहल बाड़े प्रवेशलाल यादव, रिंकू घौष, दीपक दूबे, मनोज टाइगर, सपना, बृजेश त्रिपाठी, आलोक यादव, मुश्ताक खान, आ अरविन्द अकेला कल्लू. शुभम का बारे में असलम शेख त बस अतने कहेलें - कमाल का कलाकार है शुभम!


स्रोत : शशिकान्त सिंह