मुंबई में चलल लता मंगेशकर के जादू

स्वर कोकिला लता मंगेंशकर के जादु पिछला दिने मुंबई के भोजपुरियन के सिर पर चढ़ के बोलल जब ११ दिसम्बर के रिलीज भइल भोजपुरी फिलिम उमरिया कइली तोहरे नाम देखे खातिर दर्शकन के भीड़ उमड़ पड़ल. आर एस दूबे फिल्म्स के एह निर्माण में कुल एगारह गो गाना बा जवना में से तीन गो लता मंगेशकर के गावल हऽ.

Lata Mangeshkar बिहार में सुपर हिट रहल एह फिलिम उमरिया कइली तोहरे नाम के मुंबईयो के दर्शक हाथे हाथ उठा लिहलन. अरुण फिल्म्स इंटरटेनमेंट के एह प्रस्तुति के खासियत बा संगीतकार रामलक्ष्मण आ स्वर कोकिला लतामंगेशकर के जोड़ी पहिला बेर कवनो भोजपुरी फिलिम में साथे साथ आइल. एह फिल्म के किरदारन में रानी चटर्जी, पवन सिंह, दिव्या देसाई, राजेश विवेकम मेहनाज, पुष्पा वर्मा, उत्तम झा, अशोक नारायण, महेश राज, आ नवोदित कलाकार आशीष गुप्ता के नाम बा. गीत विनय बिहारी के लिखल हऽ आ कथा पटकथा संवाद श्रीगोपाल के.

मनोरंजक संगीत प्रधान पारिवारिक भोजपुरी फिलिम उमरिया कइली तोहरे नाम में कुछ बरिस पहिले आइल हिन्दी फिल्म मैंने प्यार किया के गायिका लता मंगेशकर, संगीतकार राम लक्ष्मण, आ नृत्य निर्देशक जय बोराडे तीनो जने फेर एक बेर साथ साथ बाड़न.


स्रोत : उदय भगत