हो गइल बा प्यार आरकेस्ट्रावाली से

सिंह फिल्मम्स इंटरटेनमेंट का बैनर में बनल लेखक निर्देशक जैक्सन हिरऊआ के भोजपुरी फिलिम हो गइल बा प्यार आरकेस्ट्रावाली से का नाम से त इहे लागत होखी कि ई मौज मस्ती के फिलिम होखी बाकिर एहमें बा दर्जनो लोक कलाकारन के अंतर के पीड़ा.

Orchestarawaliजैक्सन एह फिलिम के माध्यम से एगो बहुते गूढ़ विषय उठवले बाड़े जवना से अनजान केहू नइखे बाकिर केहू जानहू के ना चाहे ! नाच से जुड़ल कला सेबिकाअन के दर्द भरल दास्तान हऽ हो गइल बा प्यार आरकेस्ट्रावाली से. एगो जमाना रहे भिखारी ठाकुर के जब उनकर नाट्य प्रस्तुति बेटी बेचवा, गबरघिचोर, आ बिदेसिया देखे खातिर लोग दूर दूर से आ जुटत रहे आ वाह वाह करत जात रहे. आजु के जमाना अतना खराब हो गइल बा कि नाचगाना करे आ करावेवालन के जानो पर खतरा हो गइल बा. निर्माता धनंजय सिंह के एह फिलिम खातिर संगीत दिहले बाड़े शिबू देव आ गीत लिखल हई सन संजय सनेही, अमित सिंह, सुनील मशरखिया, वरुणेश कश्यप, राजेश पाण्डे, राजेश अकेला आ जैक्सन के.

नृत्य निर्देशन संतोष के, एक्शन निर्देशन दर्शन सिंह के, कैमरा संचालन छोटू के बा. सुनील सिंह आ जय प्रकाश सिंह सहनिर्माता हउवे लोग. मुख्य कलाकारन में सनसकाल जैक्सन, धनंजय सिंह, दीपक सिंह राठौर, बबलू सिंह, पुष्पा, शाईना, जन्नत, शबनम, सोनिया, कविता, शाहीन, खुशबू, प्रिया, सनम शर्मा, महंथ कुमार, मनोज मार्शल, मंटू कुमार, आ पुष्पांजली का साथे शामिल बाड़न जा माधुरी मिश्रा, रजा मुराद, अलीखान, महेश राज, आ बृजेश त्रिपाठी. फिलिम फरवरी भा मार्च में रिलीज होखे जा रहल बा.


स्रोत : उदय भगत