जब रो दिहलन जूनियर निरहुआ

Pravesh Lal Yadavभोजपुरी सिनेमा के यंग स्टार प्रवेश लाल यादव पिछला दिने अपना फिलिम चलनी के चालल दुल्हा के प्रोमोशन करे अपना गाँव सादात चहुँपलन त देखलन कि उनही के गाँव के लोग उनका से भेंट करे, उनकर एक झलक पावे खातिर बेचैन बनल जुटल रहे. भीड़ से मेलजोल करत प्रवेश जब मंच पर चहुँपलन त उनका कॉलेज के प्रिन्सिपल मुरारी सिन्हा उनकर स्वागत कइले जे उनका कॉलेज लाइफ में उनकर बड़हन बाल का चलते डाँटत रहले.

रोज रोज संगे खेले कूदे वाला दोस्त उनका के देखे जुटल रहलें, आटोग्राफ लेत रहले आ पूरा गाँव एह बात पर गर्व करत रहे कि प्रवेश जइसन सितारा उनके बीच के हऽ. ईहे सब देखत प्रवेशलाल अतना भावुक हो उठलन कि रो दिहलें.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त