एनआरआई फिल्म फेस्टिवल में पंकज के दू गो फिलिम

Azizan Mastaani poster पत्रकार से फिल्म मेकर बनल पंकज शुक्ल निर्देशित दू गो शॉर्ट फिल्म दिल्ली में रहल प्रवासी फिल्म समारोह, माने कि एनआरआई फिल्म फेस्टिवल में, देखावल जा रहल बा हैं अज़ीजन मस्तानी आ बहुरुपिया. कुशाग्र क्रिएशंस का बैनर तले बनल एह फिल्मन के निर्माता शरद मिश्र हउवें आ औकनी के परिकल्पनो. पंकज के अलावा मीरा नायर आ निर्देशकद्वय राज निदिमोरु-कृष्णा डीके के भी दू दू गो एह समारोह में शामिल कइल गइल बा.

एनआरआई फिल्म फेस्टिवल, दिल्ली में जवना दोसर फिल्मन के प्रदर्शन खातिर चुनल गइल बा ओहमें मीरा नायर के मॉनसून वेडिंग आ द नेमसेक, निर्देशक बेन रेखी के वॉटरबॉर्न, निर्देशक कबीर खान के न्यूयॉर्क, निर्देशक दिलीप मेहता के कुकिंग विद स्टेला, निर्देशक कुणाल रॉय कपूर के प्रेसीडेंट इज़ कमिंग, निर्देशक पामेला रूक्स के ट्रेन टू पाकिस्तान, निर्देशक नवदीप कंडोला के फ्लाइंग सिख्स, निर्देशक राज निदिमोरू आ कृष्णा डीके के 99 आ फ्लेवर्स, निर्देशक डॉ. निखिल कौशिक के भविष्य, निर्देशक मनन सिंह कटोहोरा के एक्स्ट्रोस्पेक्शन अउर निर्देशक नसरीन मुन्नी कबीर के फिल्म बिस्मिल्ला ऑफ बनारस शामिल बाड़ी सन.

Azizan Mastaani poster नई दिल्ली के इंडिया हैबिटाट सेंटर में तीन जनवरी से छह जनवरी 2010 तक चले वाला एह फिल्म समारोह में दिह जाये वाला पुरस्कार के विमोचन पिछला एक दिसंबर के होटल सम्राट में मॉरीशस के राष्ट्रपति अनिरुद्ध जगन्नाथ कइले रहले. मॉरीशस सरकार एह फिल्म समारोह के पूरा सहयोगो दे रहल बिया. पंकज शुक्ला के फिलिम छह जनवरी के देखावल जाई.

निर्देशक पंकज शुक्ल अपना दू गो शॉर्ट फिल्मन के चुनइला पर खुशी ज़ाहिर करत बतवलन कि एह दुनु फिल्मन से अप्रवासी भारतीय आ भारतीय मूल के विदेशी नागरिकन के अपना देश के इतिहास आ संस्कृति का बारे में अनदेखल आ अनजान जानकारियन से परिचित होखे के मौका मिली. पंकज बतलवलन कि फिल्म अजीजन मस्तानी कानपुर के एगो गुमनाम स्वतंत्रता सेनानी अजीजन बाई के देश के प्रति समर्पण आ संघर्ष के कहानी ह, जबकि फिल्म बहुरुपिया देश के एगो विलुप्तप्राय लोक कला क बानगी. एह दुनु फिल्मन के निर्देशन कइला क अलावा पंकज एकनी के पटकथो लिखले बाड़न.