बीतल २००९ बनवलस पवन सिंह के सुपरस्टार

साल २००९ सबका खातिर कुछ ना कुछ लेइये आइल रहे. केहू हँसल, केहू फँसल, केहू रोअल, केहू अर्श पर चढ़ बईठल त केहू फर्श पर पटका गइल. पवन सिंह के मिलल खुशी के मौका, एक से बढ़के एक सुपर हिट गाना आ सबले उपर भोजपुरी के नयका सुपर स्टार होखे के तगमा.

Pawan Singhढेर दिन से अपना संघर्ष में लागल पवन सिंह साल का शुरुआते में प्रतिज्ञा फिल्म से हिट होखे के स्वाद चिखलन त फेर ऊ आदत बन गइल. प्रतिज्ञा में उनकर किरदार का साथे साथ उनकर गावल गानो हिट रहली सन आ उनकर जलवा दर्शकन का कपारे चढ़ के बोलल. फेर कुछ महीना ले उनकर फिलिम ना के बराबर रिलीज भइली सन. आधा साल बीतला पर रिलीज भइल तोहार नइखे कवनोजोड़ तू बेजोड़ बाड़ू हो. ई फिलिम जब सिनेमाघरन में लागल बाक्स आफिस पर अइसन रिकार्डतोड़ बिजनेस कर दिहलसि के पवन सिंह सबका दिल के राजा बन गइलन. कई सिनेमाघरन में ई फिलिम पचासा पूरवलसि आ पवन सिंह के सितारा बुलन्दी छू लिहलसि. ओकरा बाद आइल पवन पुरवईयागइल भईंसिया पानी में. इहो दूनु फिलिम कमाल के सफलता पवली सन.

आ साल का आखिर में रिलीज भइल ओढ़निया कमाल करे पवन सिंह के सुपर स्टार के ओढ़नी ओढ़ा दिहलसि. इहो फिलिम सफलता के नया नया आयाम बनावत रिकार्डतोड़ बिजनेस कइलस आ कइले जात बा. आ ई कुल्हि सफलता मिल के पवन सिहं के साल के सुपरस्टार बनाइये दिहली सन.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त