कायम रहल निरहुआ के बादशाहत

एक बेर फेर साल २००९वो में निरहुआ के जादू दर्शकन का सिर चढ़ के बोलल. एक बेर उनकर बादशाहत कायम रह गइल भोजपुरी सिनेमा में. लगातार तीसरको साल निरहुआ अपना सफलता के ग्राफ बनवले रह गइलन आ एह साल त ऊ एगो इतिहासे रच दिहलन.

Nirahua - King of Bhojpuri Cinema साल २००९ में निरहुआ के एगो दू गो ना, पूरे छह गो फिलिम रिलीज भइली सन आ छह के छहो बाक्स आफिस पर सुपरहिट रहली सन. साल के पहिलका फिलिम प्रतिज्ञा सिल्वर जुबिली मनवलसि. आलोक कुमार के हो गइनी दिवाना तोहरे प्यार में टिकट खिड़की पर भरपूर भीड़ जुटवलसि. फेर आइल चलनी के चालल दुल्हाप्रेम के रोग भइल. इहो दुनु फिलिम सफलता के भरपूर स्वाद लिहली सन. रामाकान्त प्रसाद के दिवाना त निरहुआ के साल २००९ के सबले बम्पर ओपनिंग दिअवलसि. दिवाना फिलिम करीब दर्जन भर सिनेमाघर में १०० दिन ले चलल. फेर अभय सिन्हा के परिवार के मिलल शानदार सफलता निरहुआ के सिनेमा में होखे के असली सच परोसलसि, जवना में ना त चटपटा गाना रहुवे, ना निरहुआ के स्टंट. तबहियों ई फिलिम टिकट खिड़की पर शानदार बिजनेस कर के वितरकन का चेहरा पर हँसी लिआ दिहलसि.

कुल मिला के साल २००९ वो में निरहूआ भोजपुरी सिनेमा में आपन बादशाहत कायम रखलन आ अपना के किंग आफ भोजपुरी सिनेमा कहाये के असली हकदार साबित करा दिहलन.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त