बरकरार रहल मनोज तिवारी के जादू

पिछला साल भोजपुरी सिनेमा के सुपर स्टार मनोज तिवारी मृदुल महुआ टीवी के लोकप्रिय रियलिटी शो सुर संग्राम का जरिये भोजपुरिया लोगन का दिलोदिमाग पर आपन सिक्का जमा दिहलन. उनका एंकरिंग का चलते सुर संग्राम लोकप्रियता के बुलन्द पर चहुँप गइल. पिछलके साल उनकर अलबम हे महादेव के रिकार्ड बिक्री भइल. पिछला साल ऊ खबर का सूर्खीओ में बनल रहलन, कबो चुनाव प्रचार का चलते, त कबो उत्तर भारतीयन का समर्थन में खुले आम अइला का चलते, त कबो मारीशस में भोजपुरी के आवाज बुलन्द करे बदे. बार बार ऊ अखबारन का पहिला पन्ना पर छपलन आ दुनिया भर का चैनलन में छवले रहलन.

Manoj Tiwari

मनोज तिवारी के फिलिम ससुरा बड़ा पइसा वाला का सफता से भोजपुरी सिनेमा हिन्दी सिनेमा का समानान्तर ठाढ़ हो गइल आ हिन्दी फिलिमन के सितारा भोजपुरियो में लउके लगलन. चालीस से बेसी फिलिमन में अपना अभिनय के सिक्का जमावे वाला मनोज तिवारी के मेहनत के देन बा कि आजु भोजपुरियन का लगे आपन चैनल बा, आ एही चैनल के लोकप्रियता का चलते हर चैनल भोजपुरिया रंग में रंगाए लागल बा.

मनोज तिवारी आजुवो सबले व्यस्त बाड़न. एह साल उनकर मिस्टर गोबर सिंह, इन्टरनेशनल दारोगाबगल वाली जान मारे ली रिलीज होखिहन सन. जबकि फ्रंटलाइन के तीन गो फिल्म सहित मुकेश पांडे केलाल लुग्गा, आलोक कुमार के गंगा जमुना सरस्वती, योगेन्द्र कुमार के एलान बा समेत अभय सिन्हा के एगो अनाम फिलिम, लियोवन प्रोडक्शन के एगो फिलिम सहित करीब एक दर्जन से बेसी फिलिम फ्लोर पर बाड़ी सन. मनोज तिवारी अकेला भोजपुरी सितारा बाड़े जिनका साथ हिन्दी सिनेमा के दिग्गज कलाकार अमिताभ बच्चन, अजय देवगन, शत्रुघ्न सिन्हा. मिथुन चक्रवर्ती, आ जैकी श्राफ अभिनय कइले बा लोग आ आजु के भोजपुरी सिनेमा के विकास खातिर मनोज तिवारी के धन्यवादो दिहले बा लोग.


स्रोत : शशिकान्त सिंह