जय छठी मइया खातिर विनोद राठौर गवले कॉमेडी गीत

Jai Chhathi Maiya teamअश्वनी पिक्चर्स २००६ का बैनर में बनत हिन्दी फिलिम जय छठी मइया खातिर विनोद राठौर आ तन्वी शिन्दे का आवाज में रमेश कुशावली के लिखल एगो हँसावे वाला कॉमेडी गाना एमयू रिकार्डिंग सेंटर में संगीतकार संजीव राणा का निर्देशन में रिकार्ड करावल गइल. मनोज सिंह राजपूत विनोद राठौड़ आ तन्वी शिन्दे के गुलदस्ता से स्वागत कइलें. फिल्म के सितारन में अभय कुमार, स्मिता पवार, धर्मेन्द्र खरवार, उदय श्रीवास्तव, वैदेही सिंह, कमल सौरभ, सुगन्धा, घनश्याम श्रीवास्तव वगैरह शामिल बाड़े. अश्वनी कुमार सिंह एकर निर्माता आ देवेन्द्र पथिक निर्देशक हउवन.


स्रोत : कपिलदेव खरवार