आवऽ हो रानी तनी कोरवा में आवऽ

पिछला दिने वरिष्ठ फिल्म प्रचारक समरजीत का नेवता पर हम मुंबई का कंदिवली पुर्व में बनल बसरा स्टूडियो जा चहुँॡनी जहवाँ निर्देशक शाद भोजपुरी फिलिम त्रिनेत्र के शूटिंग में व्यस्त रहलें. इंफिनिटी इन्टरटेनमेंट के एह फिलिम का सेट पर रोशनी के चकाचौंध रहे. बेडरुम के सेट, पलंग वगैरह रौशनी से अस नहाइल रहलें कि एगो सूइयो गिर जाव त दूर ले चमक जाव. बियहुती सूट पैंट जैकेट का बिच लाल बूटेदार शर्ट पहिरले विजयलाल अपना मेहरारू सीमा के खोजत रहलन. बाकिर सीमा त हँसी ठिठोली का मूड में रहली. ऊ अबले करिया स्लैक्स पर हरियर शर्ट डलले फुदकत रहली. विजय परेशान रहलन बाकिर सीमा के एहसे का?

Vijaylal and Seema in Trinetra

एही बीच विजयलाल के पत्रकार लोग घेर लिहल आ सवाल जवाब चले लागल. विजय के बयानबाजी होते रहे ओही बीच जरीदार सफ्फाक उजर साड़ी पहिरले सीमा आ खड़ा भइली. सीमा के एह रुप में देखते विजय चहक उठलन. इन्टरव्यू छोड़ दुनु जने आ गले लग जा हो गइलें. फिल्मिये सही रहे त मरदेमेहरारू लोग. बातचीत से जवन जानकारी मिलल तवना मुताबिका विजय अपना मेहरारू से भेंट करे अपना ससुरारी आइल बाड़े, अब ई मत पुछीं कि कहवां से. लेखक बतवलें कि जेहल से. से असनका में त करेंट मारे वाली खुशी होखबे करी. ओहि खुशी में पलंग के सुहागरात का तरह सजावल गइल बा. ऊपर असली धमाल त निचे ड्रीम सीन के कमाल. बाद में देखनी जा कि नृत्यनिर्देशक रामदेवन विजय सीमा के खूब नचवलन आ उहो दुनु जने छक के नाचल लोग, रोमांस कइल लोग. सीन अइसन बनल कि सभे रोमांचित हो उठल.

निर्माता पी मिश्रा खातिर फिल्म के निर्देशक शाद कुमार एह फिलिम के मुख्य कैमरामैनो हउवन आ उनके निर्देशण में दू दू गो कैमरा मूव करत रहे. अशोक कुमार दीप का संगीत पर प्यारेलाल यादव के लिखल गीर के विजय मस्ती में गावत रहलन आ सीमा लजाइल जात रही, इतरात रही, कबो लगे आ जास त कबो दूर छटक जास. गीत के बोल रहे बहियां से बहियां तनी हमसे मिलावऽ, आवऽ हो रानी तनी कोरवा में आवऽ. सिनेमा घर में त फिलिम फगुआ का आसपास लागी, हमनी का एह खूबसूरत सीन के आनन्द क्रिसमस का पहिलही उठा लिहनी. त्रिनेत्र के कहानी में दहेज के समस्या गंभीरता से उठावल गइल बा. लेखक संतोष मिश्र, सह निर्माता बानो अली आ जीतेन्द्र सिंह, आ प्रस्तुतकरेवाला राज चोपड़ा. सीमा पान्डेय आ विजयलाल यादव का अलावा एह फिलिम में बाड़े विनय आनन्द, नंदिनी सिंह, पंकज केसरी, पूनम सागर, धर्मेश कुमार, समर्थ चतुर्वेदी, अमृतपाल, जीतेन्द्र सिंह, राकेश पांडे, पूजा सिहं, आयटम गर्ल सीमा आ सपना.


स्रोत : उदय भगत