जल्दिये रिलीज होखी चुटकी भर सिन्दूर

Vinay Anand and Priya Sharma in  Chutki Bhar Sindurरोज फिल्म क्रिएशंस के भोजपुरी फिलिम चुटकी भर सिन्दूर अलौकिक आ दिव्य शक्ति के देकावत एगो सामाजिक फिल्म हऽ जवना में ई देखावे के कोशिश कइल गइल बा कि कुछ अइसनो चीज होले जवन आदमी खातिर अजूबा आ विलक्षण होले. दिमाग माने ना बाकिर आखिरकार हारथाक के मानही पड़ेला. निर्माता आर के भगत के चुटकी भर सिन्दूर में एगो कापालिक दंपति के अइसने रोमांचक करतब देखावल गइल बा. ई दंपति अठारह साल से दू गो बच्चन के देखरेख एही लालसा में करत बाड़न कि दिव्य सिद्धि खातिर चंद्रग्रहण का रात में ओकनी के बलि दे दीहें. बाकिर चुटकी भर सिन्दूर कइसे आपन कमाल देखावत बा ईहे फिलिम के सबले रोमांचक पहलू बा. कहानी आतिश ढोला के, निर्देशन अनिकेत मिश्रा के, गीत संतोष सिंह आ राजेश सिंह के, संगीत संतोष सिंह आ मनु के,नृत्यनिर्देशन संतोष कुमार के, छायांकन शिवा चौधरी के, एक्शन जॉनी के बा. सुचित्रा जायसवाल एकर सह निर्माता हई.

चुटकी भर सिन्दूर के मुख्य कलाकारन में विनय आनन्द, प्रिया शर्मा, राजकुमार साजन, सुगन्ध, उमेश सिंह, नीलिमा सिंह, समीर शेख, जय राठौर, महेश राज, आ बृजेश त्रिपाठी के नाम बा. प्रस्तुति साईं बाबा मूवीज के हऽ.


स्रोत : संजय भूषण पटियाला