सुजीत पुरी के मिस्टर टांगावाला के शूटिंग पूरा

Shooting of Mr.Tangabalaसुजीत पुरी का निर्देशन में बनत तीसरकी भोजपुरी फिलिम मिस्टर टांगावाला के शुटिंग पिछला दिने गोरखपुर में पूरा हो गइल. कॉमेडी, एक्शन, आ लव का स्वाद में सनाइल एह फिलिम में एक्शन स्टार सुदीप पांडे डबल रोल में बाड़े. सुजीत परी एहमें अभिनयो कइले बाड़न, संगीतकार राजेश रजनीश का निर्देशन में आठ गो गानान बाड़ी सन एह फिलिम में. एह फिलिम के शूटिंग गोरखपुर आ छपरा के अगल बगल का इलाका में करावल गइल बा. सुजीत पुरि छपरे जिला के करही गाँव के हउवन.

निर्माता संगम यूके क्रिएशंस के एह फिलिम के गीत विनय बिहारी, प्यारेलाल यादव लिखले बाड़े. नृत्यनिर्देशन अशोक मयंक के हऽ, फाइट हिमाल के, छायंकन मनीषा व्यास के, आ मुख्य कलाकारन में सुदीप पांडे, सुजीत पुरी, स्वीटी छाबड़ा, टीनू वर्मा, निधि, प्रिया, अभिनव गौड़, सौरभ पुरी, संजय सिंह वगैरह बाड़े.


स्रोत : संजय भूषण पटियाला