बाप रे बाप, समोसा हियऽ कि मरीचा!

Pakhi Hegde भोजपुरी सिनेमा के सबले सफल अदाकारा पाखी हेगडे भोजपुरिया दर्शकन के गरमी बढ़ा के सतवाँ आसमान पर चहुँपावे के ठान लिहले बुझात बाड़ी. पहिलका बेर भोजपुरिया दर्शक उनका के सेक्सी आ गरमाइल देखिहन. अइसनका रुप में कि निमन निमन विश्वमित्र लोग तपस्या छोड़ दी. पाखी के एह रुप के देख के उनकर दिवाना कहे लगिहन बाप रे बाप, समोसा हियऽ कि मरीचा!

पाखी के ई गरमाइल रु लउके जा रहल बा भारतीय सिनेमा के मूवी मुगल कहगल जाये वाला दक्षिण भारतीय निर्माता डी रामानायडू के भोजपुरी फिलिम शिवा में जवन अब रिलीजे होखे वाली बिया. एह फिलिममें पाखी एगो कॉलेजिया लड़की के किरदार कइले बाड़ी जवना के ई मेनका रूप एगो गाना का दौरान देखे के मिली. दक्षिण भारत के मनोरम पर्यटन स्थल वाइजाक, विशाखापत्तनम के लोकप्रिय नाम, में समुद्री लहरन का किनार पर एह दृश्य के शूटिंग भइल बा. एह गाना में निरहुआ आ पाखी पर एगो रोमांटिक सीन फिल्मावल गइल बा.

भोजपुरी सिनेमा में अपना दमदार अभिनय, मासूम चेहरा, भोलापन, आ खूबसूरत हँसी से भोजपुरिया दर्शकन में कैटरीना कैफ बन चुकल पाखी के ई सेक्सी लुक दर्शकन के जरुर रोमांचित करी. खबर त अइसनो आ रहल बा कि जे भी एह गाना के शूटिंग से ले के एडिटिंग में देखले बा ऊ पाखी के तुलना रंगीला के उर्मिला मातोंडकर से कर रहल बाड़े. चलीं तइयार रहल जाव पाखी के एह गरमागरम अवतार के देखे के.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त