आदिशक्ति इन्टरटेनमेंट के रहल धूम

Durga Prasad Majumdar बीतल साल २००९ में भोजपुरी के लगभग दर्जन भर फिलिम बढ़िया सफल रहली सन आ एह फिलिमन में हर तरह के नाम देखे के मिलल, चाहे ऊ अभिनेता होखस, अभिनेत्री होखस, निर्देशक होखें भा सहयोगी कलाकार. बाकिर एगो नाम जवन खूबे देखे के मिलल ऊ रहे आदि शक्ति इन्टरटेनमेंट के.

जी हँ. बीतला साल बाक्स आफिस पर सबले बेसी धूम मचवली सन आदि शक्ति इन्टरटेनमेंट का बैनर में बनल फिलिम. साल के शुरुआत भइल रहे प्रतिज्ञा से जवन बाक्स आफिस पर धमाले मचा के ना रह गइल, बलुक कई गो रिकार्ड तूड़त नया नया इतिहास बना दिहलस, कई सिनेमाघरन में ई फिलिम सौ दिन तक लगातार चलल. ओकरा बाद आइल निरहु्आ मोनालिस के रोमांटिक जोड़ी वाली फिलिम हो गइनी दिवाना तोहरा प्यार में. फगुआ का मौका पर रिलीज ई फिलिम मजगर बिजनेस कइलस. आदि शक्ति इन्टरटेनमेंट के धूम तबो देखल गइल जब जूनियर निरहुआ के लांचिंग करे वाली फिलिम चलनी के चालल दुल्हा कमाल के सफलता पवलस. फेर रिलीज भइल दिवाना. इहो फिलिम कई जगहा सौ दिन से बेसी के बिजनेस कइलस. ओकरा बाद आइल निरहुआ पाखी के प्रेम के रोग भइल. एकर सफलता के आलम ई रहल कि बिहार यूपी में पिछला दू साल में एकरा जोड़ के कवनो फिलिम ना रहल. अइसन ना कि आदि शक्ति इन्टरटेनमेंट के स्टारने वाली फिलिम सफल भइली सन. पंकज केसरी वाली वाह खिलाड़ी वाह, आ शहरवाली जान मारेली के सफलतो देखे देखावे लायक रहल.

कुल मिला के कहल जा सकेला कि बीतल साल २००९ में बाक्स आफिस पर आदि शक्ति इन्टरटेनमेंट के खूब धूमधाम रहल.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त