मराठी निर्देशक के भोजपुरिया बिल्लो रानी

Lovy Rohatgi as Billoraniबिल्लो रानी बिपाशा बसु के चुनौती देबे आ रहल बाड़ी भोजपुरिया बिल्लो रानी, आ उहो बिल्लोरानी नौटंकी वाली बन के. भोजपुरी के एह फिलिम के शूटिंग आजुकाल्हु जोरशोर से चल रहल बा. मजा के बात ई बा कि एह फिल्म के निर्माता भोजपुरिया ना बलुक मराठी हउवन.

मराठी सिनेमा के मशहूर निर्माता निर्देशक अमर देवगणे भोजपुरी फिलिम बिल्लोरानी नौटंकी वाली के निर्माता निर्देशक दुनु हउवन आ बिल्लो रानी बनल बाड़ी भोजपुरी के चर्चित अदाकारा लवी रोहतगी.

मुंबई से सटल एगो बड़हन फार्म हाउस में एह फिलिम के शूटिंग चलत रहुवे आ बिल्लोरानी नौटंकी वाली का गेटअप में लवी देखेवालन पर बिजली गिरावत रहली. फिल्म में उनकर नायक बाड़े भोजपुरी फिलिमन के सुपर स्तार पंकज केसरी, आ साथे बाड़े जय सिंह, संजय पांडे, प्रिया पांडे, अवधेश मिश्रा, मनोज द्विवेदी, सपना, सीपी भट्ट वगैरह.

पिछला साल के सबसे बड़ हिट फिल्म रहल मुन्नी बाई नौटंकी वाली से ई फिलिम कवना मामिला में अलगा रही पुछला पर अमर देवगणे बतवलन कि बिल्लोरानी नौटंकी वाली के एगो अलगे कहानी बा. एह फिल्म के लेखक आ गीतकार विद्या शु्क्ला हउवन आ संगीत दिहले बाड़े एसपी सेन चंदा.


स्रोत : शशिकान्त सिंह