मुख्यमंत्री अइलें, बइठलें, घन्टन बतियवलें

Sunil and Nitishअइसनका शायद पहिलके बेर भइल होखी कि कवनो फिल्म संगठन का बइठका में ओह राज्य के मुख्यमंत्री आवे, बइठे, आ घन्टन बतियावे. मौका रहुवे बिहार झारखण्ड मोशन पिक्चर्स एसोसिएशन के २१ वाँ सालाना बईठका के आ होटल चाणक्या में भइल कार्यक्रम में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अइलें आ घंटो बइठ के सिनेमावालन के समस्या का बारे में बातचीत कइलें. आ ओह लोग के समस्या निवारण खातिर हर संभव काम करे के आश्वासन दिहलें.

विजेम्पा के एह सालाना अधिवेशन में भइल चुनाव में संगठन के सगरी पद पर डा॰ सुनील कुमार के सहयोगी विजयी भइलें. खुद डा॰ सुनील कुमार सतरहवां बेर संगठन के अध्यक्ष चुनल गइलें. पन्द्रह पद पर चुनाव में बत्तीस उम्मीदवार खड़ा रहलें बाकिर सगरी पद सुनील कुमार के सहयोगिये जीत लिहलें. जीते वालन में राजू बैरोलिया, अनिल कुमार, सीताराम झा, कैलाशनाथ शुक्ला, शोभाकांत मिश्रा, दिलीप गोयनका, रामा पाण्डे, लिटलू दुष्यंत जायसवाल, अमित कुमार सेन, जवाहर लाल झा, मनोज कुमार जायसवाल, उज्जवल कुमार, राजा बाबी आ सुधीर कुमार शामिल रहलें.

अपना एतिहासिक जीत से गदगद डा॰ सुनील कुमार कहलें कि संगठन का पहल पर सरकार कंपाउंडिंग टैक्स कम कर दिहले बिया आ लाइसेंसिंग प्रक्रिया आसान बना दिहले बिया. अब ऊ मेनटेनेंस चार्ज देबे आ बिहार में फिल्म सिटी बनवावे के आश्वासन पा चुकल बाड़े. कहलन कि उनका नेतृत्व में विजेम्पा दिनोदिन मजबूत होखल जात बिया आ लोग एहि तरह उनकर साथ देत रहल त ऊ सरकार से आपन सगरी मांग मनवा लीहें.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, आ रंजन सिन्हा