भोजपुरी सिनेमा बनावे आइल अमेरिका के कंपनी

Muhurt of 1st Bhojpuri Film by Pun Filmsभोजपुरी सिनेमा के गौरव में एगो नया अध्याय अउरी जुड़ गइल जब अवार्ड विनिंग फिल्म फार्चुनटेलर सहित सात गो फिलिम बना चुकल अमेरिकी कंपनी पन फिल्म्स तीन तीन गो भोजपुरी फिलिम बनावे के एलान कर दिहलस आ पहिलका फिलिम के बनावे के शुरुआतो हो गइल बा.

पहिलका फिलिम, जवना के अबही नाम नइखे धराइल, में रविकिशन के लिहल गइल बा. एह फिलिम के निर्देशन करीहें धीरज सिंह, जे रामगोपाल वर्मा सहित हिन्दी सिनेमा के कई गो दिग्गज लोगन का साथ काम कर चुकल बाड़न. इहो पहिलके बेर हो रहल बा कि पूरा फिलिम विदेशी डिजिटल तकनीक आ रेड वन कैमरा पर शूट हो रहल बा. फॉरचुन टेलर के इंडो अमेरिका फिल्म फेस्टीवल २००६ में पुरस्कृत कइल गइल रहे. ओह फिलिम सहित सात गो फिलिमन के निर्देशित कर चुकल तेजस्वी कदम पन फिल्म्स से जुड़ल बाड़ी आ अपना अनुभव के भोजपुरी सिनेमा में उतारल चाहत बाड़ी. पन फिल्म्स के इरादा बा कि भोजपुरी सिनेमा के अंतर्राष्ट्रीय बाजार उपलब्ढ़ करावल जाव. पूरा फिल्म के पोस्ट प्रोडक्शन विदेशी तकनीशियन का जिम्मे रही.

एह फिलिम में रविकिशन, निर्मल पांडे, शिखा, ब्रजेश त्रिपाठी, नीलिमा सिंह, सीमा सिंह, विनोद मिश्र, शमीम खान आ फूल सिंह के मुख्य भूमिका रही. संगीतकार बाड़े राजेश रजनीश, जे विनय बिहारी के लिखल गीतन के संगीत से सजइहें. पटकथा आ संवाद सुरेन्द्र मिश्र के लिखल हऽ. फिल्म के मुहुर्त मकर संक्रान्ति का शुभ अवसर पर गुजरात के राज पिपला में करावल गइल. एह मौका पर कंपनी के भारत प्रमुख पवन कुमार, एनआरआई निर्माता सुधीर कदम, तेजस्वी कदम सहित फिल्म के पूरा यूनिट मौजूद रहे. पन फिल्म्स के योजना बा कि तीनो फिलिम एही साल बना के रिलीज कर दिहल जाई.


स्रोत : उदय भगत