हमरा दिल के बहुत करीब बा चोरवा बनल दामाद - पवन सिंह

Pawan Singh in Chowa Banal Damad with Ruby singh एक्शन रोमांस आ कामेडी के एक से बढ़ के एक पंच देखे के होखो त भोजपुरी के नयका सुपरस्टर पवन सिंह के फिलिम चोरवा बनल दामाद जरुरे देखीं. अनिल अग्रवाल के बनावल आ रजनीश त्यागी के निर्देशित चोरवा बनल दामाद अगिला पांच फरवरी के बिहार मे रिलीज हो रहल बा. पवन सिंह के प्रशंसक एह फिलिम के बेसब्री से इन्तजार कर रहल बाड़े. बिहार में बहुते बढ़िया दाम में बिकाइल एह फिलिम के ले के पवन सिहं से भइल बातचीत के कुछ अंश नीचे दिहल जा रहल बा. :

पवन जी, राउर जादू त लोग का सिर चढ़ल बोल रहल बा. का इहे जादू चोरवा बनल दामादो में देखे के मिली ?

बिल्कुल ! आ रउरा के बता दीं कि ई फिलिम हमरा दिल के बहुते करीब बा. आ अतना तय बा कि एह साल के ई हमार सबले बरहन हिट फिल्म होखी.

एह फिलिम में राउ र रोल त चोर के बा. का चोराइलें ? दिल कि धन ?

अब हम का कहीं. चोर केहू के दिल त चोरावस ना. आ हमरो हाथे अइसन नइखे भइल.

एह फिलिम में राउर दू गो नायिका बाड़ी सीमा सिंह आ रुबी सिंह. ओह लोग का बारे में रउरा का कहब ?

सीमा आ रुबी कमाल के एक्ट्रेस बा लोग आ बहुते सुलझलो.

कहल जा रहल बा कि एह फिलिम का हर फ्रेम में रउरा कुछ नया कर गइल बानी ?

ई त बस निर्माता अनिल अग्रवाल आ निर्देशक रजनीश त्यागी का चलते हो पावल. रजनीश त्यागी जानीलें कि कवनो कलाकार से कइसे काम निकालल जा ला.

चोरवा बनल दामाद में रउरा एक्शन आ कॉमेडी के बड़ तारीफ हो रहल बा. जेही फिल्म के फर्स्ट ट्रायल दैखल सभे रउरा भूमिका के बड़ाई कइलस.

साँच कहीं त हमरो मालूम रहे कि कि अइसने होखे वाला बा.

एकरा गीत संगीत का बारे में राउर का राय बा ?

गीत त अइसन बल बाड़ी सन कि कुछ पुछीं मत. जेही सुनी एक हाली एह फिलिम के देखे जरुर चहुँपी.

एह फिलिम के शूटिंग रउरा बीसे दिन में पूरा करा दिहनी. का ई सही कहल जा रहल बा ?

हम त कवनो फिलिम खातिर देरी ना करे नी, फिलिम निमन बने, समय पर ब जाव, आ समये से रिलीज हो जाव तबहिये त सभकर भला होखी.

अगिला महीना फिलिम रिलीज होखे जा रहल बा. कतना उत्साहित बानी आप ?

बहुत ! निर्माता अनिल अग्रवाल आ निर्देशक रजनीश त्यागी के ई फिलिम बाकई उत्साह लायक बा.

दोसरा कलाकारन आ तकनीशियनन का बारे में का कहब ?

बहते बढ़िया टीम बा चोरवा के. सबे जी जान से मेहनत कइले वा. ई फिलिम कई जने खातिर आगा के रास्ता खोल दी आ सार्थक फिलिमन के जमाना फेर से लवटि आई.

एह फिलिम में रउरा एक्शनो के भरपूर तारीफ हो रहल बा.

हँ. कहानी के माँग रहुवे एहीसे एक्शन अतना जबरदस्त भइल. बाकिर एह फिलिम में मनोरंजन के सगरी मसाला मौजूद बा. दर्शकन के पूरा स्वाद मिली. रजनीश त्यागी कमाल केनिर्देशक हउवन एह फिलिम में ऊ साबित कर देखवले बाड़े.


स्रोत : शशिकान्त सिंह