प्यार हो जाला के शुरुआत भइल

Pyar Ho Jala muhurtहीरा फिल्म इन्टरनेशनल का बैनर में बनत भोजपुरी फिलिम प्यार हो जाला के शुरुआत पिछला दिने मुंबई का एबी साउण्ड में धूमधाम से भइल. निर्माता सर्वेश सैनी के एह म्यूजिकल रोमांटिक फिल्म से इंडस्ट्री के टॉप कैमरामैन हीरा सरोज अपना निर्देशन कैरियर के शुरुआत कर रहल बाड़े. मुख्य कलाकारन में सुशील सिंह, नया चेहरा सर्वेश सैनी, सीमा सिंह, एयाज खान, सीपी भट्ट, महातम शर्मा, आ अवधेश मिश्रा बाड़े. कथा, पटकथा आ संवाद संतोष मिश्रा के, गीत अशोक कुमार दीप आ प्यारेलाल यादव के, आ संगीत अशोक कुमार दीप के बा. मुहुर्त का मौका पर निर्माता निर्देशक सी के बोकाडिया, निर्माता आलोक कुमार, निर्देशक अजय श्रीवास्तव, रजनीश कुमार, प्रेमांशु, रितु पाण्डेय, रीना सिंह, माया यादव वगैरह हस्ती मौजूद रहे लोग.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त