माटी माँगे खून के शुरुआत

Muhurt of Maati Maange Khoonभोजपुरी फिलिमन में एक्शन के तड़का होखल जरुरी हो गइल बा तबहिये त अब फिलिम के नामो एक्शने वाला राखल जा रहल बा. अइसनके एगो एक्शन प्रधान फिलिम माटी माँगे खून के शुरुआत पिछला दिने मुंबई का कृष्णा स्टूडियो में धूमधाम से करावल गइल उमर खान निर्देशित एह फिलिम के निर्माता अरुण कुमार साह आ ओम कुमार बाड़े. ॐ श्री मूवी का बैनर में बनत एह फिलिम में मुख्य कलाकार में महानायक कुणाल सिंह, विराज भट्ट, आ मोनिका बत्रा के शामिल कइल गइळ बा.एगो अउरी बड़हन स्टार के साइन करे के बात चल रहल बा. गीत सच्चिदानन्द कवच के आ संगीत गुणवन्त सेन के रही. मुहुर्त का अवसर पर गायिका कल्पना खास कर के मौजूद रहली.


स्रोत : प्रशान्त निशान्त/p>