सुदीप पाण्डेय आ विजयलाल के बगावत

Bagawat trioभोजपुरी सिनेमा के एक्शन स्टार सुदीप पान्डेय आ बिरहा सम्राट विजयलाल यादव के नया अवतार भोजपुरी फिलिम बगावत में देखे के मिली. पिछला दिने बगावत के मुहुर्त मुंबई का आर्यन स्टूडियो में करावल गइल. माधव प्रोडक्शन्स का बैनर में बनत एह फिलिम के निर्माता प्रमोद जूनेजा एंड ब्रदर्स आ निर्देशक जगदीश सी पान्डेय हउवें. मुख्य कलाकारन में एक्शन स्टार सुदीप पाण्डेय, बिरहा सम्राट विजयलाल यादव, कल्पना शाह, स्वाति वर्मा, गिरीश शर्मा, जय प्रकाश सिंह आ प्रमोद भाई शामिल बाड़े. गीरत विनय बिहारी के आ संगित राजेश गुप्ता के बा. निर्माता प्रमोद जूनेजा कहलें कि ई फिलिम संपूर्ण सामाजिक पारिवारिक संगीतमय फिलिम होखी.


स्रोत : प्रशान्तनिशान्त